पथरी के समस्या से छुटकारा देवेवाला घरेलू ईलाज

गुर्दा (किडनी) में पथरी के समस्या आजकल आम हो चलल बा । एकर कारण खानपान में गलत आदत बाटे । नमक अवुरी बाकी खनिज (जवन हमनी के पेसाब में होखेला) कब एक(दूसरा के संपर्क में आवेला, या फेर जब संक्रमण (इन्फेक्शन) होखेला त पेसाब गाढ़ा हो जाला, जवन कि बाद में किडनी के भीतरी छोटे(छोटे पत्थर जईसन बन जाला । एही पत्थर जईसन देखाई देववाला के चीजÞ के पथरी के नाम से जानल जाला ।
पथरी अलग(अलग आकार के हो सकेला । छोट पथरी आमतौर प पेशाब के रास्ते शरीर के बहरी निकल जाला । लेकिन जब पथरी के आकार बड़ हो जाला त उ बहरी ना निकले पावेला । एकरा से पेसाब करे के समय बहुत दर्द होखेला । ध्यान रहे कि पथरी होखला के कवनो उम्र ना होखेला, इ कवनो उम्र में हो सकता । लेकिन इलाज आसान बा ।
करईला भा करेला
करेला के हमनी के बोली में करईला कहल जाला । करईला अईसे त बहुत कसाव (कड़वा) होखेला लेकिन पथरी के इलाज में इ रामबाण निहन काम करेला । करेला में मैग्नीशियम अवुरी फा‘स्फोरस पावल जाला, जवन पथरी के बने से रोकेला ।
बथुआ
पथरी के इलाज में बथुआ के साग बहुत फायदा पहुंचावेला । आधा किलो बथुआ के साग के उबाल के पानी के छान लिही आ ए पानी में काली मिर्च, जीरा अवुरी सेंधा निमक मिलाके दिन में तीन(चार पीयला प बहुत आराम मिलेला ।
नींबू
पत्थरी के दर्द होखला प टण् मिली लीटर नींबू के रस में ओतने मात्रा में शुद्ध जैतून के तेल मिला के सेवन कईला से आराम मिलेला ।
अन्नानास खाए अवुरी ओकर जूस के रोज पियला से एक महीना में पथरी गल के निकल भी सकता ।
हाँ एगो अवुरी बात जदी, केहु पथरी के समस्या से ज्यादा परेशान होखे त सबसे पहिले ओ आदमी के खूब पानी पीये के चाही । संगही, अयीसन चीज से परहेज कईल भी जरूरी बा, जवना में आयरन बहुत होखेला । सावधान ना रहला प परेशानी बहुत जादे बढ़ सकता ।
अंगूर
अंगूर में एल्ब्यूमिन अवुरी सोडियम क्लोराइड बहुत कम मात्रा में होखेला ए चलते किडनी में पथरी के इलाज खाती अंगूर के बहुत निमन मानल जाला ।
आंवला
आंवला पथरी में बहुत फायदा करेला । आंवला के चूर्ण मुरई (मूली) के संगे खाए से पथरी पेशाब के रास्ता के बहरी निकल सकेला ।
पथरी के समस्या से छुटकारा पावे खाती केला जरूर खाए के चाही । केला में विटामिन बी ट होखेला जवन की पथरी के गला के खतम क सकेला । जीरा अवुरी चीनी के बराबर मात्रा में पीसके एक(एक चम्मच जदी रोज ठंडा पानी के संगे तीन बेर लिहल जाए त पथरी निकल सकेला अवुरी आराम मिलेला ।






