विद्यार्थी के अनुपात मे शिक्षक के ब्यवस्थापन करेके माग करत आजपा बारा बुझवलख ज्ञापनपत्र
विद्यार्थी के अनुपात मे शिक्षक के ब्यवस्थापन करेके माग करत आजपा बारा बुझवलख ज्ञापनपत्र

बारा २३ बैशाख
आम जनता पार्टी (आजपा) विद्यार्थी के अनुपात मे तहगत आ बिषयगत शिक्षक दरबन्दी कायम करके शिक्षक के व्यवस्था करेके माग करत आन्दोलन मे उतरल बा ।
आजपा जिल्ला कमिटी बारा एतवार के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय कलैया, बारा मार्फत संघीय आ प्रदेश सरकार के ज्ञापनपत्र बुझवले बा । शिक्षा ऐन विपरीत कईल शिक्षक दरबन्दी के असमान वितरण खारेज करेके आ विद्यार्थी संख्या के अनुपात मे तहगत आ विषयगत शिक्षक के व्यवस्था करेके माग आजपा के बा ।
आजपा के केन्द्रीय उपाध्यक्ष अशोक लामा, महासचिव त्रिभुवन साह, सचिव एवं मधेस प्रदेश अध्यक्ष उमेश कुशवाहा, विद्यार्थी मोर्चा के केन्द्रीय अध्यक्ष विवेक साह, आम जनसांस्कृतिक मोर्चा के केन्द्रीय अध्यक्ष विजय यादव निर्विज लगायत सयो नेता कार्यकर्तालोग कलैया मे जुलुस सहित प्रशासन कार्यालय मे ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन ।
विद्यार्थी के अनुपात मे शिक्षक के ब्यवस्थापन कर, एके गो किलास मे सयो विद्यार्थी राखे ना मिली, विद्यार्थी के भबिष्य से खेलवाड करे ना मिली, तहगत आ बिषयगत अपुग शिक्षक के पूरा कर, गुणस्तरीय शिक्षा के ब्यवस्था कर, विभेदकारी शिक्षक के दरबन्दी बितरण खारेज कर, गुणस्तरीय शिक्षा के ब्यवस्था कर, आम जनता पार्टी जिन्दावाद लगायत के नारा प्रदर्शनकारी लगवले रहलन ।






