निकुञ्ज घुमली राजकुमारी।

चितवन, ९ माघ,
बेल्जियम के राजकुमारी एस्ट्रिड ई समय चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज मे मनोरञ्जन कईले बानी । बुध के सँझिया निकुञ्ज के एगो प्रवेशद्वार मेघौली मे राजकुमारी एस्ट्रिड के वाग्मती प्रदेश के उद्योग, पर्यटन, वन तथा वातावरण मन्त्रालय आ भरतपुर महानगरपालिका स्वागत कईले रहे ।

सँझिया हि प्रदेश सरकार के आतिथ्यता मे एस्ट्रिड के रात्रिभोज देहल गईल रहे । उ अवसर मे उद्योग, पर्यटन, वन तथा वातावरणमन्त्री अरुणप्रसाद नेपाल राजकुमारी एस्ट्रिड के चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज सँगे प्रदेश के पर्यटकीय क्षेत्र के बारे मे अवगत करवले रहनी ।

मन्त्री के स्वकीय सचिव नवराज पुडासैनी के मुताविक भ्रमण बरीस सन् २०२० के लक्षित करत प्रदेश सरकार के आतिथ्यता मे राजकुमारी के इहाँ भ्रमण करावे के प्रबन्ध मिलावल गईल बा ।

रात्रिभोज मे महानगरपालिका के प्रमुख रेणु दाहाल, राजकुमारी एस्ट्रिड के मरद लोरेन्ज सहित अनेकन आदमी, सङ्घीय सरकार के पर्यटन मन्त्रालय के प्रतिनिधि, परराष्ट्र मन्त्रालय के प्रतिनिधि, बेल्जियम के खातिर नेपाली राजदूत लोकबहादुर थापा लगायत के उपस्थिति रहल पुडासैनी जानकारी देहनी ।
राजदूत थापा के मुताविक राजकुमारी एस्ट्रिडसहित बेल्जियम से आईल उच्च अधिकारी के समूह के आजु दिनभर निकुञ्ज मे निजी भ्रमण रहल बा ।

डेंगी सयर, जीप सयरलगायत के गतिविधि मे राजकुमारी सहभागी होके वन आ वन्यजन्तु के अवलोकन करेके निजी कार्जक्रम रहल उ बतवनी । निकुञ्ज मे दुर्लभ एकसिङ्गे गैँडा, पाटेबाघ, घडियाल गोही, अनेकन प्रजाति के चराचुरुङ्गी, बडका आ आकर्षक तालतलैया देखल जा सकता ।
निजी भ्रमण भईला से सरकारी अधिकारी राजकुमारी के भ्रमण के बारे मे विस्तृत विवरण सार्वजनिक नइखे कईले ।

राजकुमारी एस्ट्रिड एक हप्ता के खातिर नेपाल भ्रमण मे आईल बानी । शुक के दिने काठमाण्डु फिर्ता होके शनिचर के दिन उहाँ से बेल्जियम फिर्ता होखेके कार्जक्रम बा । उ जनवरी १९ तारिख मे नेपाल आईल बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।