स्कूल मे पढनियार लईकालईकी के स्वास्थ्य चेकजाँच कईल गईल

प्रभु यादव
बारा २५ चईत
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ दोहरी मे स्कुल मे पढनियार लईकालईकी के स्वास्थ्य चेकजाँच कईल गईल बा ।
अमर माध्यमिक विद्यालय मे वियफे आ सुकर के दिन चलल स्वास्थ्य परिक्षण शिविर मे करिब आठ सय पढनियार लईकालईकी सब के चेकजाँच कर के निःशुल्क दवाई देहल गईल कलैया के स्वास्थ शाखा के सहायक प्रमुख अजय जयसवाल जनकारी करावले बानी ।
नेपाल सरकार से निःशुल्क मिलेवाला ५२ गो आ आवश्यक रहल ४४ गो दवाई कर के ९६ किसिम के निःशुल्क देहल जारहल जयसवाल जनकारी करावले बानी । करिब दु सय जने के ल्याव मे खुन पिसाब पईखाना चेकजाँच कईला पर होमोग्लोविन के कमी पोषण के कमि भईल मिलल जयसवाल जनमारी करावले बानी ।
विद्यालय मे स्वास्थ्य शिक्षा कार्जक्रम सञ्चालन भईल १० गो मे स्वास्थ्य शिविर चलावल जायेके जयसवाल जाकारी करावले बानी । दुर्गा मावि बरेवा, नेरामावि मदर्सा, श्री ३ चन्द्र कलैया, नेरामावि मनहर्वा सहित पाँच गो स्कुल मे शिविर सम्पन्न होगईल जयसवाल जनकारी करावले बानी ।
नेपाल सरकार के केन्द्रीय ससरत आर्थिक सहयोग के २० लाख के रकम से शिविर सञ्चालन होरहल बा । स्वास्थ्य शिविर मे मुह सम्बन्धि डा. मुकेश यादव, डा.चान्दनी यादव, आँखा सम्बन्धि डा. राहुल कुमार साह, डा. दिपरंजन साह, दिपा सिंह नाक कान घाँटी के डा. अशोक कुमार गुप्ता, बाल स्वास्थ सम्बन्धि मनोज यादव, फिजिसियन डा. राजिव यादव लगायत के डाक्टर लोग स्कुल के पढनियार लईकालईकी सब के चेकजाँच कर के रहल समस्या सब के सल्लाह सुझाव दहले बानी ।






