वीपिएल टि–२० क्रिकेट प्रतियोगिता सुरु, उदघाटन खेल मे डीसीसी वीरगंज जितल

 

वीरगंज ११ माघ,
वीरगंज प्रिमियर लिग (वीपिएल) टि–२० क्रिकेट प्रतियोगिता आजु से नारायणी क्रिकेट मैदान वीरगंज मे एगो भव्य समारोह के बिच सुरु भईल बा ।

प्रयोगिता के उदघाटन करत प्रमुख अतिथि पर्सा क्षेत्र नं. १ के प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रदिप याद खेलाडीलोग के प्रोत्साहन कईल जरुरी रहल बात मे जोड देहले बानी । राष्ट्रिय स्तर के खेलाडीलोग के नोकरी के व्यवस्था करे खातिर सकार से माग करत सांसद यादव ओइसन कानुन लिया के प्रदेश २ सरकार सुरुवात करेके बात मे जोड देहले बानी ।

खेलाडीलोग राष्ट्र के नाम रोशन करेवाला भईला से राष्ट्र के गहना भईल बतवनी । ओहिसे खेलाडीलोग के सभी जिम्मेवारी सरकार से लेवेके बात मे जोड देहनी ।

युनाईटेड क्रिकेट क्लब के अध्यक्ष हासिम हवारी के अध्यक्षता मे भईल उदघाटन समारोह मे प्रदेश सांसद प्रहलाद गिरी, जन्नत अन्सारी, करिमा बेग्म, भिमा यादव, जिल्ला समन्व समिति पर्सा के संयोजक नेक महमद अन्सारी, क्रिकेट एशोसिएसन अफ नेपाल के सदस्य दाउद अन्सारी, माधव अचार्य, समाजवादी पार्टी के पर्सा अध्यक्ष रामनरेश यादव, जिल्ला सचिव तबरेज अहमद, नेता सुन्दर कुर्मी, वीरगंज महानगर अध्यक्ष इशवर यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

युनाईटेड क्रिकेट क्लब के आयोजना मे भईल प्रतियोगिता के उदघाटन समारोह मे वीरगंज के अनेकन विद्यालय के विद्यार्थीलोग मार्च पास कईले रहलन । उ मार्च पास मे जिएचपी प्रथम, साउथजोन द्वितिय आ गौतम स्कुल तृतिय स्थान हासिल कईले रहे । कार्जक्रम के संचालन वीपिएल के प्रवक्ता राजुल हवारी कईले रहनी आ स्वागत मन्तव्य आयोजक क्लब के सचिव एवं वीपिएल के निर्देशक घन्सयामबाबु गुप्ता कईले रहनी ।

उदघाटन समारोह मे गायक अजमत अली आ एसएस सोनु देश भक्ति गित प्रस्तुत कईला के साथे उ अवसर मे अनेकन स्कूल के विद्यार्थीलोग नृत्य प्रस्तुत कईले रहलन । प्रतियोगिता मे ६ गो क्रिकेट टिम भाग लेहले बाडन । प्रतियोगिता के विजेता के रु दु लाख ५० हजार आ उप विजेता के रु एक लाख ८० हजार पुरस्कार देवेके आयोजक संस्था जनवले बा ।

एहितरे उदघाटन खेल मे डीसीसी वीरगंज १४ रन से जितल बा । डीसीसी बीरगंज आ बीरगंज स्टार्सबीच भईल खेल मे डीसीसी बीरगंज व्याटिङ्ग करत २० ओभर मे ६ विकेट के नोक्सानी मे १ सय २५ रन बनवले रहे । जवाफी खेल मे बीरगंज स्टार्स १ सय ११ रन मे अलआउट भईला के बाद डीसीसी जितल बा ।

खेल के म्यान अफ दी म्याच सैफुल्लाह अन्सारी घोषित भईल रहनी । माघ २० गते तक चलेवाला प्रतियोगिता मे बिहान दु गो खेल होखी । पहिलका खेल मे सिंह ११ आ ड्रागन साहिब दरबारबीच होखी आ दुसरका खेल रौतहट राइनोज आ डीसीसी बीरगंजबीच होखेके वीपिएल के प्रवक्ता राजुल हवारी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।