
जीराभवनी १२ माघ,
नेपाल भ्रमण बरीस २०२० मे बहुते पर्यटक लियावे के लक्ष्य लेहल पर्सा जिल्ला के ठोरी गाँवपालीका के अनेकन जगहा मे खुलल होमस्टे अर्थात कम शुल्क मे खाए आ रहे सकेवाला आन्तरिक पर्यटक के चहलपहल बढल बा ।
होमस्टे सञ्चालक सहर बजार के बनिबनाव खाना के बदले गाँव मे उत्पादित अन्न के परिकार पाहुना के खिया रहल बाडन । पर्यटक के खातिर स्थानीय परिकार के स्वाद चिखावेके व्यवस्था कईल गईल बा । होमस्टे कहल मौलिकता के पहिचान ह कहके लागला के बाद सञ्चालकलोग बजार मे मिलेवाला बनीबनाव खाना राखल छोडले बाडन ।
ठोरी–५ के होमस्टे सञ्चालकलाग जंगल मे मिलेवाला गिठा आ भ्याकुर सहित के परिकार बनावेलन । कन्दमूल के रूप मे मिलेवाला गिठा, भ्याकुर, सखरखण्ड, पिँडालु, तरुल, मकई से बनल पिसान, सतुवा, भुँजल मकई, कोदो के ढिँडो, सिस्नो से बनावल जाएवाला अनेकन परिकार खाएके मिलेला ।
तरकारी मे कुरिलो, गेडागुडी, काभ्रो, कोइरालो, गुन्द्रुक लगायत परिकार सुबर्णपुर के होमस्टे मे उपलब्ध रहल सुबर्णपुर होमेस्टे संचालक अध्यक्ष सम्भु पौडेल जानकारी देहनी ।






