स्रोत ना खुलल रोपेया सहित दु जने पकडईलें

स्रोत ना खुलल रोपेया सहित दु जने पकडईलें

सर्लाही १९ चईत

सर्लाही सदरमुकाम मलंगवा से स्रोत ना खुलल करिब २८ लाख रोपेया सहित दु जने के पुलीस पकडले बा । १० लाख सहित पकडाईल के बयान के आधार मे पुलीस आउर करिब १८ लाख रोपेया सहित दोसर एक आदमी के भी पकडले बा ।

सदरमुकाम मलंगवा नगरपालिका–९ स्थित सडक मे करिया रङ के झोरा पिठपर राखके जारहल मलंगवा–३ के कमर राजा के पुलीस शंका लागके जाँच कईला पर उनकर साथ से १ हजार दर के हजार थान करके जम्मा १० लाख नगद बरामद कईले रहे ।

पकडाईल राजा के रोपेया के स्रोत खुलावेके कहला के बाद उ उहे जगहा के आरिफ शेख से सञ्चालन कईल सिटी मोबाइल सेन्टर से लियावल कहला के बाद पुलीस मोबाइल सेन्टर मे पुगल रहे ।

उ दोकान के कानुन बमोजिम खानतलासी कईला पर ¥याक भितर राखल खैरो रङ के कपडा के झोरा भितर १ हजार दर के १ हजार ४ सय ५४ थान, ५ सय दर के ६ सय २२ थान, १ सय के १ सय ९ थान, ५० आ २० के एक–एक थान करके आउर १७ लाख ७५ हजार ९७० रोपेया बरामद भईल प्रहरी उपरीक्षक दयानिधि ज्ञवाली जानकारी देहनी । उनका मुताविक कुल २७ लाख ७५ हजार ९ सय ७० रोपेया के स्रोत ना खुलला के बाद रोपेया सहित दु जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । स्रोत ना खुलल रोपेया सहित पकडाईल के अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जनवले बा । पकडाईल लोग अवैध सोना के कारोबार मे भी संलग्न भईल आशंका कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।