बसरुदिन अंसारी के घर अगाडि राखल प्रेसर कुकर बम सेनाद्वारा निष्क्रिय

वीरगंज १३ माघ,
वीरगंज स्थित नेशनल मेडिकल कलेज के निर्देशक बसरुद्दीन अंसारी के घर अगाडि राखल शंकास्पद वस्तु बम हि रहल पुष्टि भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं.८ पानीट्याङकी स्थित घर अगाडि राखल बम नेपाली सेना के टोली डिष्पोज कईले बा ।
वीरगंज स्थित चण्डीप्रसाद गण के बम डिष्पोजल टोली बम डिष्पोज कईले बा । चण्डीप्रसाद गण के गणपति कर्णेल मदनजंग राणा अन्सारी के घर अगाडि राखल गईल सामान बम हि भईल पुष्टि कइनी । “प्रेसर कुकर भितर इलेक्ट्रिक वायर, डेटोनेटर आ ब्याट्री भी मिलल बा,” कहत उ, “बम त बम हि रहे, माकिर कउन किसिम के ह कहके बतावे सकेके अवस्था नइखे ।”
बम के बारे मे बेसी जानकारी राखेवाला दक्ष इन्जिनियर हेटौंडा स्थित पृतना मे होखेवाला भईला से बरामद भईल समान आउर अनुसन्धान के खातिर हेटौंडा पठावे के तइयारी हो रहल उ बतवनी ।
घर अगाडि शंकास्पद सामान देखल गईला के बाद अन्सारी परिवार के सदस्य पुलीस के खबर कईले रहलन । पुलीस उ क्षेत्र मे सर्वसाधरण के आवतजावत करेके रोक लगा के सेना के खबर कईले रहे ।
पुलीस सीसीटिभी क्यामेरा फुटेज देखे लगायत आउर अनुसन्धान सुरु कईले बा । फुटेज मे तीन जने युवा उ क्षेत्र मे देखल गईल जनावल गईल बा ।
माकिर पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक सोमेन्द्र सिंह राठौर घटना के बारे मे अनुसन्धान हो रहला से कुछो कहे सकेके अवस्था ना रहल बतवनी । “डेटोनेटर मिलल बा, लेदो भी रहे,” कहत उ, “के रखले बाडन ? अनुसन्धान हो रहल बा” कहके बतवनी ।






