एमसिसी पारित करेके पडि :- प्रम

काठमाण्डु १४ माघ,
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली सात प्रधानमन्त्री के अवधि पार करत आईल मिलेनियम च्यालेन्ज कर्पोरेशन (एमसिसी) जलदी पारित करेके बतवले बानी । प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक के सम्बोधन करत उ विषय मे आवेवाला बईठक मे विस्तार मे राखेके बतवले बानी ।
उ संसद् के नियमसम्मत तरिका से अगाडि बढावे खातिर सभामुख के सफलता मिलेके कामना करत सहजोग के प्रतिबद्धता जनवनी । “समाज के चरित्र भी मेलमिलापयुक्त तरिका से अगाडि बढला से संसद् भी उहे रुपमे अगाडि बढेके विश्वास बा, जनता मे सार्वभौमसत्ता अइला से जनता सभी बात के अन्तिम निर्णयकर्ता बनल बाडन, संविधान कार्यान्वयन के खातिर संयन्त्र के अगाडि बढावेके पडि, बहुदलीय व्यवस्था, बहुविचार, बहुलता आ विविधता हमनी से छानल व्यवस्था भईला से उहे मुताविक अगाडि बढेके पडि”, कहके बतवनी ।
सभी दल से छानल व्यवस्था कुछ मतभिन्नता भईला पर भी आधारभूत बात मे एकता करके अगाडि जाए सकेके प्रधानमन्त्री ओली बतवनी । वितल समय मे रास्ता फरक भईला पर भी गन्तव्य एगो भईला से एक होके अगाडि बढल जइसन अब भी उहे रास्ता मे चलेके उनकर कहनाम रहे ।
“सङ्घर्ष से भी अन्तिम मे हमनी सहमति मे पुगेम, सात साल मे आन्दोलन सम्झौता मे पुगल, सभी एकताबद्ध भईला पर सहमति के साथ देश अगाडि बढेमे सफल भईल इतिहास बा, एकताबद्ध ना भईला पर प्रतिगामी तत्व सफल भईला से अब हमनी समय मे ध्यान देवेके पडि, एकताबद्ध रूप मे अगाडि बढे खातिर अनुभव से शिक्षा देहले बा”, कहके बतवनी ।
दुनियाँ पूर्वाधार, विज्ञान प्रविधि आदि क्षेत्र मे तेजी से अगाडि बढल बतावत उ ओकरा के पकडे ना सकला पर समय बेकार जाएके प्रधानमन्त्री ओली बतवनी । “बलिदानीपूर्ण सङ्घर्ष से लियावल संविधान, उहे मुताविक कानून निर्माण आ कार्यान्वयन मे सरकार प्रतिबद्ध बा”, कहके बतवनी ।






