नेपाल भारत बिच रहल समस्या के बारेमे इंडो नेपाल चेम्बर आफ कामर्स के बईठक

भारत १४ माघ,
इंडो नेपाल चेम्बर आफ कामर्स के पदाधिकारीलोग वीरगंज स्थित महावाणिज्य महावाणिज्य दुतावास के ज्ञापनपत्र बुझावत नेपाल भारत बिच भारतीय रोपेया के बारेमे उत्पन्न भईल समस्या के बारे मे जानकारी करवले बा ।
साथे नेपाल भारत आवे जाएवाला सर्वसाधारण एवं व्यापारीलोग के जिल्ला प्रहरी कार्यालय हैरान बना रहल कहत इंडो–नेपाल चेम्बर आफ कामर्स के आजु बईठक बईठ के अनेकन विषय मे छलफल भईल बा । कमर्स के उपाध्यक्ष जगदीश अग्रवाल के घर मे बईठल बइठक मे आपन व्यक्तिगत काम से कुछ भारतीय रोपेया लेके नेपाल आवेके समय मे पुलीस प्रशासन से करेवाला व्यवहार उपर छलफल करत बिरोध जनवले बा ।
कमर्स के संस्थापक अध्यक्ष राजकुमार गुप्ता के अध्यक्षता मे बईठल बईठक मे नेपाल पुलीस दुःख देहला के साथे मानसिक यातना भी देत आईल बतावल गईल बा । सर्वसाधारण जरुरी समान किने तथा ईलाज, तीर्थाधाम, बियाह के खातिर कम मात्रा मे भारतीय रोपेया लेके बजार मे किनमेल करे गईला पर भी पुलीस प्रशासन दुःख दे रहल अध्यक्ष राजकुमार गुप्ता सिकाईत कइनी । उ अववसर मे नेपाल भारत बिच रहल सदियो के सम्बन्ध के बारे मे भी चर्चा कईले रहलन ।
बईठक मे आनन्द रूंगटा, रमेश गुप्ता, नारायण प्रसाद, रजनीश प्रियदर्शी, संजय अग्रवाल, कृष्णा प्रसाद, माधव लाल, प्रेम चन्द्र सर्राफ, राम कुमार, कृष्णा प्रसाद, बिटु कुमार, राजू गुप्ता, रामनारायण प्रसाद, शिवशंकर प्रसाद, कमलेश कुमार, प्रदीप अग्रवाल, इरफान अहमद, बबलू केशरीवाल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






