रुकुमपश्चिम के हत्याकाण्ड के राजनीतिकरण ना करे खातिर सांसद के निहोरा

काठमाण्डु १४ जेठ
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक मे सांसद से अन्तरजातीय प्रेम सम्बन्ध के समय मे इहे जेठ १० गते रुकुमपश्चिम मे भईल हत्या के घटना के विषय मे आवाज उठावत सर्वदलीय छानविन के माग कईले बाडन ।
बईठक के शून्य समय मे सांसद उ घटना के राजनीतिकरण ना करेके आ मृतकलोग के सामाजिक शहीद घोषणा करे खातिर भी माग कइनी ।
सांसद मीन विश्वकर्मा स्थानीय प्रशासन आ पुलीस के लापर्वाही से घटना भईल बतवनी ।
सांसद विमला नेपाली अन्तरजातीय प्रेम सम्बन्ध के समय मे भईल घटना मे मृत्यु भईल के सामाजिक शहीद घोषणा करके घटना के संसदीय छानविन करेके माग कईनी ।
सांसद मनकुमारी जिसी रुकुमपश्चिम के घटना फेनु दोहोरे ना देवे खातिर निहोरा कइनी आ सांसद महिन्द्रकुमारी लिम्बू रुकुमपश्चिम के घटना के छानविन के खातिर सर्वदलीय समिति गठन करेके माग कइनी ।
सांसद यशोदा सुवेदी गुरुङ उ घटना के राजनीतिकरण ना करेके माग कइनी ।
सांसद लक्ष्मी परियार रुकुमपश्चिम मे भईल जातीय विभेद आ नरसंहार के घटना मे संविधान आ कानून के काहे प्रभावकारी कार्यान्वयन ना भईल कहके सवाल कइनी ।
रुकुमपश्चिम के चौरजहारी नगरपालिका–८ सोती निवासी सुष्मा मल्ल सँगे नवराज विश्वकर्मा के अन्तरजातीय प्रेम सम्बन्ध भईल आ वियाह के खातिर साथीलोग के लेके लडकी के घर मे जा रहल समय स्थानीयवासी पिटपाट करके हत्या के घटना भईल रहे ।
मृतक नवराज के लास भेरी नदी मे मिलल रहे ।
नवराज सँगे लडकी के घर मे गईल आउर दु जने के लास भी भेरी नदी मे मिलल बा ।
उहे घटना मे आउर तीन जने बेपत्ता बाडन ।
भूमि अतिक्रमण विरुद्ध एकमत
बईठक मे सांसद डा मीनेन्द्र रिजाल संविधान संशोधन के खातिर सर्वदलीय बईठक आ समझदारी बढल सकारात्मक भईला पर भी ओईसन बईठक मे भईल निर्णय संसद् के जानकारी देवेके परम्परा शुरु करे खातिर निहोरा कइनी ।
सांसद मोहन बानियाँ अतिक्रमित भूमि समेट के नेपाल के नयाँ नक्सा जारी भईला मे खुशी व्यक्त करत वार्ता से भूमि फिर्ता लियावे खातिर निहोरा कइनी ।
सांसद मीना सुब्बा भारत से अतिक्रमण कईल भूमि फिर्ता लियावे खातिर गोड ना घिंचे खातिर सरकार से निहोरा कइनी ।
सांसद रामबहादुर विष्ट भारतीय स्वतन्त्रता सङ्ग्राम मे नेपाली से देहल योगदान के भोर पार के भारत नेपाली भूभाग मे अतिक्रमण कईल दुःख के विषय भईल बतवनी ।
सांसद रेखा शर्मा भारत से अतिक्रमण कईल नेपाली भूमि लिपुलेक, कालापानी आ लिम्पियाधुरा के नेपाल के नक्सा मे समावेश कईला मे सरकार के धन्यवाद देत कूटनीतिक वार्ता से भूमि फिर्ता करे खातिर निहोरा कइनी ।
सांसद रेनुका गुरुङ सुगौली सन्धि के आधार मे नेपाल के भूभाग मे भारत से अतिक्रमण कईल दुःखद् भईला से ग्रेटर नेपाल के कायम राखेवाला किसिम से पहल करेके माग कइनी ।
बईठक मे सांसद मातृकाप्रसाद यादव कोरोना सङ्कट के दीर्घकालीन व्यवस्थापन करे खातिर निहोरा कइनी ।
सांसद राजेन्द्रप्रसाद गौतम बन्दाबन्दी के समय थपात गईला पर खाएवाला वर्ग बेसी प्रभावित भईला से उ वर्ग के खातिर विशेष कार्जक्रम लियावे के माग कइनी ।
सांसद विमला विक तराई के क्षेत्र मे भारत से फिर्ता भईल के अनिवार्य परीक्षण आ बर्दिया मे कोरोना परीक्षण प्रयोगशाला स्थापना करेके माग कइनी ।
सांसद भरतकुमार साह धान के बीया गिरावे के समय मे सहजरूप मे किसान से बीया प्राप्त ना कईल सिकाईत कइनी ।
सांसद भीमसेनदास प्रधान काठमाण्डु बाहर से आवेवाला के उचित जाँच करके क्वारेन्टिन मे राखेके सुझाव देहनी ।
सांसद भैरवबहादुर सिंह भारत मे रहल नेपाली के विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन के मापदण्ड मुताविक के उपयुक्त व्यवहार ना कईल बतवनी ।
सांसद विमलप्रसाद श्रीवास्तव भारत मे अलपत्र पडल के स्वदेश लियावे के माग कइनी ।
बइठक मे भवानीप्रसाद खापुङ, महेश्वरजङ्ग गहतराज, यज्ञबहादुर बोगटी, यज्ञराज सुनुवार, रङ्गमति शाही, नवीन्द्रराज शर्मा, राजबहादुर बुढा क्षेत्री, राजेन्द्रकुमार केसी, रेखा कुमारी, लक्ष्मीकुमारी चौधरी लगायत जनजीवन के अनेकन सवाल मे सरकार के ध्यानाकर्षण करवले रहनी ।






