विप्लव के जिल्ला सेक्रेटरी सहित दु जने कार्यकर्ता पकडईलें

रौतहट १४ माघ,

विप्लव के रौतहट जिल्ला सेक्रेटरी सहित दु जने पकडाईल बाडन । इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर आजु सबेरे उलोग के सार्वजनिक कईले बा । पकडाएवाला मे रौतहट जिल्ला सेक्रेटरी चितवन जिल्ला के खैरेनी नपा १ घर भईल ३४ बरीस के निर्मला शाही कहेवाला दिशर्ना शाही आ रौतहट चन्द्रपुर नपा ३ इपिलघारी के ३९ बरस के दुर्गा बल रहल बाडन ।

दुनु जने के चन्द्रपुर ३ स्थित इपिलघारीटोल स्थित इन्द्र थिङ्ग के घर से पकडल गईल इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर के डीएसपी हेमबहादुर शाही जानकारी देहनी । उलोग के साथ से कुछ थान मोबाइल, चन्दा माँगेवाला पत्र, बिजुली के तार, किताब आ आउर पार्टी के दस्तावेज बरामद कईल पुलीस जनवले बा आ

आर्थिकअभियान के नाम मे उद्योगी, व्यवसायी, जनप्रतिनिधि ,कर्मचारी के धम्की देत चन्दा माग कईल, एक महिना पहिले गुजरा नपा के जुगौलिया मे रहल एनसेल के टावर मे विष्फोट करावल लगायत के आरोप मे पकडल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।