बारा मे एक सय ४३ जगह मे कोरोना विरूद्ध के सुई लगावल जारहल

प्रभु यादव

बारा २३ फागुन

बारा मे रहल १६ गो पालिका मे एक सय ४३ जगह मे कोरोना विरूद्ध के सुई लगावल जारहल बा ।

सरकार से नेपाल मे तिसरका चरण मे आम आदमी मे ६५ बरीस से उपर के लोग के पहिलका बेर सुई लगावल जारहल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय बारा के प्रमुख रामनरेश यादव जनकारी करावले बानी । ३१ हजार लोग के सुई लगावे के लक्ष्य लेके सुरू भईल तीन दिन तक सञ्चालन कईल जाए के प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी ।

पहिलका आ दुसरा बेर मे सुई लगावे के छुटल लोग के सहित ३१ हजार के संख्या मे लगावेला काम सुरू कईल गईल प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी । एगो सुई लगावेवाला केन्द्र मे दु जने स्वास्थ्यकर्मी आ तीन जना सहयोगी सहित जिल्ला भर दु सय ९२ जने सुई लगावेवाला आ चार सय ३८ जने सहजोगी लोग खटके कोरोना विरूद्ध के सुई लगारहल यादव जनकारी करावले बानी ।

जिल्ला के सदरमुकाम मे रहल कलैया अस्पताल मे पहिलका दिन मे २८ जने सुई लेवे आईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।