वीरगंज मे औद्योगिक सम्पत्ति के बारे मे छलफल

वीरगंज १५ माघ,

ट्रेडमार्क दर्ता अनिवार्य आ स्थायी होखेके व्यवस्था लियावे खातिर वीरगंज के उद्योगीलोग माग कईले बाडन । उलोग से दर्ता अनिवार्य ना भईला पर आ नविकरण करेके बाध्यता से अनेकन समस्या आ रहल बतवले बाडन ।

विभाग वीरगंज मे बुध के दिने आयोजना कईल औद्योगिक सम्पत्ति सम्बन्धी प्रदेश स्तरीय अभिमुखीकरण कार्जक्रम मे सहभागी उद्योगी व्यवसायी ओइसन बतवले बाडन । उलोग ट्रेडमार्क के सवाल मे उद्योग विभाग के अभिलेख भी कमजोर रहल आरोप लगवले बाडन ।

धागो उद्योगी मुर्ली जालन उद्योग खोलला पर हि ट्रेडमार्क के बारे जानकारी ना देहला के बाद उद्योगी समस्या मे पड रहल बतवनी । “पहिलका बात त उद्योग खोलला पर हि औद्योगिक सम्पत्ति के बारे मे जानकारी करावे के पडि ।

अन्यथा व्यवसायी एकर जानकारी ना मिलला पर खुद से स्थापित कईल ब्रान्ड, डिजाइन दोसर केहु चोरी कर सकता,” कहत उ, “दर्ता के बाद भन्सार नाका होत ओइसन मालबस्तु ना आओ कहे खातिर पेटेन्ट, डिजाइन आ ट्रेडमार्क के अभिलेख भन्सार विभाग मे भी पठावे के पडि ।”

विभाग ५० हजार से बेसी ट्रेडमार्क दर्ता कर चुकल जनवले बा । विदेशी कम्पनी नेपाल मे ट्रेडमार्क दर्ता ना करावल अवस्था मे नेपाल मे उहे ट्रेडमार्क दर्ता करे सकेके कानुनी व्यवस्था बा । ओहिसे जापान के चर्चित पेन्ट कन्साई नेरोलेक नेपाल मे केएनपी कहके उत्पादन कर रहल बा ।

कार्जक्रम मे विभाग के ओरी से उलोग के निर्देशक विन्दा आचार्य, सुप्रभा ढुंगेल लगायत पेटेन्ट, डिजाइन आ ट्रेडमार्क के बारे मे जानकारी करवले रहनी । उलोग वीरगंज, विराटनगर, भैरहवा जइसन सीमावर्ती सहर मे ट्रेडमार्क के सवाल मे विविध समस्या आरहल बतवनी ।

इमान्दारीता गुमावल उद्योगी जलदी व्यवसाय वृद्धि करे खातिर दोसर के ट्रेडमार्क, डिजाइन चोरी करेके निर्देशक आचार्य के कहनाम रहे । “विदेशी के मात्र ना नेपाली व्यवसायी से स्थापित कईल ट्रेडमार्क, डिजाइन चोरी भईल बा ।

ओइसने किसिम के ट्रेडमार्क लेवेके खोलेके प्रवृत्ति भी बा । आउर कैयनलोग बहुते ब्रान्डसब होल्ड मे राख के दोसर के बेंचल मिलल बा” कहत उ, “नयाँ आवेवाला कानून से बहुते समस्या के समाधान करी ।प

के प्रमुख जिल्ला अधिकारी जितेन्द्र बस्नेत चलल ब्रान्ड प्रयोग करेके महत्वकांक्षा के चलते डुब्लिकेट बस्तु उत्पादन मे व्यवसायी आर्कषित भईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।