रौतहट मे फेनु बढल कोरोना संक्रमण, एक हप्ता मे १०० संक्रमित

रौतहट १७ कातिक
दशहरा ओरईला के बाद रौतहट मे कोरोना संक्रमित के संख्या फेनु तेजी से बढे लागल बा । एतवार के एके दिन रौतहट मे १४ नयाँ संक्रमित मिलल बाडन ।
बन्दाबन्दी पूर्ण रुप मे खुलला के बाद रौतहट मे सार्वजनिक यातायात आ विद्यालय भी खुलल बा । बजार, कार्यालय, व्यापार कोरोना महामारी पहिले के अवस्था जईसन सञ्चालन मे आईल बा, माकिर सुरक्षा के उपाय अपनावल नइखे देखल गईल ।
स्थानीय मास्क, भौतिक दुरी तथा स्वास्थ्य सचेतना मे ध्यान देहल छोडले बाडन । संक्रमित के संख्या तेजी से बढे लागला के बाद अवस्था जटिल बनेके देखल गईल चिकित्सकलोग बतवले बाडन ।
पिछिलका एक हप्ता मे रौतहट मे १ सय ८९ जने के स्वाब परीक्षण कईला मे १ सय जने मे कोभिड १९ के संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला अस्पताल गौर जनवले बा ।
रौतहट मे अभी २ हजार ६४ जने संक्रमित रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट जनवले बा । कोरोना के चलते रौतहट मे अभी तक १३ जने के मृत्यु भईल बा ।
‘बजारसब मे बेसी भिडभाड भईल, व्यक्तिगत दुरी कायम ना भईल, सचेतना ना अपनावे के बानी के चलते जोखिम आउर बढल बा’ गौर अस्पताल के डा. कृष्ण साह कहनी, ‘चाडपरब के समय भईल भिडभाड से संक्रमण फईलल बा ।
अभी भी सचेत होखे ना सकला पर अवस्था भयावह हो सकता ।’
पिछिलका समय, स्थानीय सँगे जिल्ला के सुरक्षा अधिकारीलोग, जनप्रतिनिधि, कार्यालय के कर्मचारीलोग संक्रमित होखेके क्रम बढल बा ।
कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति तथा जिल्ला स्तरीय कोभिड संकट व्यवस्थापन केन्द्र के संयुक्त बईठक के बाद नयाँ रणनिति तईयार करेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव बतवनी ।
संक्रमण के शंका लागल आ कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल आदमीसब के परीक्षण कईला पर संक्रमित के संख्या बढल बा ।
कोरोना से मिलेजुलेवाला लक्षण देखल गईला पर भी परीक्षण हि ना करा के घर मे रहेवाला के संख्या भी रौतहट मे बहुते रहल बा ।
सकेभर परीक्षण ना करावेके पक्ष मे रहललोग बोखार बेसी भईला के बाद मात्र स्वाब परीक्षण के खातिर जिल्ला अस्पताल गौर मे रहल ल्याब मे जा रहल बाडन ।
दीपावली तथा छठ पर्व नजिकात गईला पर बजार मे बढल भिडभाड से भी संक्रमण बढेके जोखिम बा ।






