गाँजा सहित एक भारतीय पकडईलें

पोखरिया १५ माघ,
ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया लागु औषध गाँजा सहित एक जने भारतीय नागरिक के पकडले बा ।
पोखरिया सडक मे सवारी साधनसब चेकजाँच के समय मे भारत बिहार राज्य पुर्वी चम्पारण जिल्ला मोतिहारी थाना रक्सौल ग्राम पञ्चायत सिस्वा सौनाहा गाँव के रहनिहार २० बरीस के जितेन्द्र कुमार यादव के पोखरिया नगरपालिका वार्ड नं. ५ से पकडाईल बाडन ।
यादव सवार बिआर ०५ एई ७६५७ नम्बर के मोटरसाईकल के रोक के चेकजाँच कईला पर उनका साथे रहल झोरा भिरत ५ किलो १०० ग्राम गाँजा मिलल रहे । पकडाईल आ मोटरसाईकिल सहित यादव के हिरासत मे राख के आउर अनुसन्धान हो रहल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक चन्द्र कुमार सिंह बतवनी ।






