वार्ड अध्यक्ष मण्डल के पार्टी के झण्डा ओढा के अन्तिम दाहसंस्कार भईल

बारा १५ माघ,

वार्ड अध्यक्ष मण्डल के पार्टी के झण्डा ओढा के विदाई कईल गईल बा । कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर ५ के अध्यक्ष रामअयोध्या मण्डल के पार्थिक शरीर पर नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के झण्डा ओढा के अन्तिम बिदाई कईल गईल बा ।

मण्डल के घर घुसुकपुर मे पार्टी के नेता कार्यक्रता लोग पुग के अन्तिम बिदाई समारोह मे सहभागी भईल रहल हवे । ने

कम्युनिष्ट पार्टी बारा के जिल्ला अध्यक्ष क्षेत्रबहादुर श्रेष्ठ अनिल, जिल्ला सचिव आ प्रदेश २ के विधायक सुन्दर विश्वकर्मा, मह्मद समीर, सीता गुरूङ्ग, रविनदास, अध्यानन्द पाण्डे, बिनोद साह, मुकेश साह, रमेश साह, विक्रम ठाकुर, जवाहीर अंसारी, सुरेश गुप्ता पुरूषोतम साह आ बिनोद गुप्ता लगायत के नेता लोग के दाहसंस्कार विदाई कार्जक्रम मे उपस्थिति रहल ।

अध्यक्ष मण्डल क्यान्सर विमारी के बहुते दिन से दवाई करावत रहलन मगर के दिने सझिया ५ बजे घर मेही मृत्यु भईल ।

मण्डल के शोक मे कलैया उपमहानगरपालीका आपन मातहत के सब कार्यालय सब मे १५ गते एक दिन बिदा देहले रहल । कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर ४ के अध्यक्ष मिश्री जटाशर सहनी पत्र जारी करत शोक ब्यक्त कईले बाडन ।

मण्डल के दाहसंस्कार बारा के बघुवन मे पसाह नदी मे कईल गईल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।