बारा आ पर्सा मे लकडाउन उल्लंघन करेवाला ८ जने उपर कारवाही

वीरगंज १७ चईत,
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण रोकथाम के खातिर सरकार से लागू कईल लकडाउन उल्लंघन करेके क्रम अभी भी रुकल नइखे । बारा आ पर्सा मे पुलीस लकडाउन उल्लंघन करेवाला ८ जने के नियन्त्रण मे लेहले बाडन । पर्सा से २ जने आ बारा से ६ जने पकडाईल बाडन ।
पर्सा मे पकडाईल दुनु जने के सम्झा बुझा के सँझिया छोडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता डिएसपी वीरेन्द्र शाही जानकारी देहनी ।
बारा मे पकडाईल लोग के संक्रामक रोग ऐन २०२० मुताविक जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा जनही १÷१ सय रोपेया जरिवाना लेके छोडल गईल डिएसपी गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
पर्सा से १८ गो मोटरसाइकल आ बारा से ५० गो मोटरसाइल नियन्त्रण मे लेके सवारी धनी से जरिवाना लेके मोटरसाइकल छोडल गईल पुलीस जनवले बा ।






