प्रदेश २ सरकार आउर २० हजार लईकी के साइकिल दि

जनकपुरधाम १७ माघ,

प्रदेश २ सरकार ई बरीस २० हजार लइकी के साईकिल देवेके जनवले बा । शुक के दिने बईठल प्रदेश मन्त्रिपरिषद बईठक से अइसन निर्णय कईले बा

। किलास ८ मे अध्ययन करेवाला लइकी के प्रदेश सरकार साइकल वितरण करत आईल बा । एकरा से पहिले १५ हजार साइकल वितरण कईल सरकार ई बेर २० हजार के वितरण करेके जनवले बा ।

एकरा खातिर १० हजार साइकिल के टेण्डर भइल मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी देहल गईल बा ।
एहितरे प्रदेश सरकार बेटी के बिमा रकम भी बढावे के निर्णय कईले बा । जउना मुताविक अब लइकी ३ लाख मिलेके जनावल गईल बा ।

२०७५ माघ १ गते एने जनमल बिमा करावेवाला जनानी के २० बरीस के बाद रु. ३ लाख देवेके जनवले बा । एकरा से पहिले १ लाख देवेवाला किसिम से निःशुल्क बिमा कईल सुरु कईल गईल रहे ।
एहितरे मन्त्रिपरिषद के बईठक से मधेशी सहिद परिवार के देखभाल आ सम्मान के खातिर मधेसी सहिद प्रतिष्ठान पारित कईले बा ।

मधेश आन्दोलन मे सहादत देवेवाला सभी सहिद के सम्मान के खातिर सामाजिक विकासमन्त्री नवलकिशोर साह के अध्यक्षता रहेवाला किसिम से प्रतिष्ठान बनेवाला बा ।
प्रतिष्ठान मे मधेसी सहिद तथा उनकर परिवारजन के सम्मान, देखभाल मे सहजोग पुगावे खातिर सहिद सम्मान कोष के भी व्यबस्था रहल बा ।

राजापा अध्यक्ष मंडल के तत्कालीन सन्योजक राजेन्द्र महतो के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से मधेसी सहिद कल्याण कोष गठन करे खातिर पहल करेके निर्णय कईले रहे ।

 

पत्रकार सम्मेलन मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत जनकपुरस्थित प्रादेशिक अस्पताल के आर्युविज्ञान प्रतिष्ठान मे रुपान्तरण करेके प्रक्रिया भी सरकार सुरु कर चुकल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।