भन्सार ना तिरके लियावल १४ लाख बराबर के सामान पकडाईल

भन्सार ना तिरके लियावल १४ लाख बराबर के सामान पकडाईल

वीरगंज ०६ जेठ

सशस्त्र पुलीस पर्सा मे शनिचर आ एतवार करके २ दिन मे करिब १४ लाख रोपेया बराबर के तस्करी के मालसामान बरामद कईले बा । सशस्त्र प्रहरी बल, नेपाल नं. १३ गण हेड क्वार्टर पर्सा अर्न्तगत के अनेकन युनिटसब से खटल टोली १३ लाख ९३ हजार ५ सय ४० रोपेया बराबर के भन्सार छली के सामान बरामद करके जरुरी कारवाही के खातिर वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझवले बा ।
शनिचर के दिने प्रस्तावित सीमा सुरक्षा गुल्म वीरगंज से खटल टोली वीरगंज महानगरपालिका–२ स्थित भकुवा ईलाका से ६ लाख रोपेया बराबर के कपडा बरामद कईले रहे ।
एहितरे शनिचर आ एतवार के दिने वीरगंज भन्सार मेनगेट आरीपाछि के इलाका से ७ लाख ६९ हजार ८ सय १२ रोपेया बराबर के भन्सार छली नेपाल ओरी लिया रहल अनेकन किसिम के सामान बरामद कईले बा ।
बराममद भईल सामानसब मे किराना सामान, कपडा, प्रतिबन्धित ब्रोइलर मुर्गा, इलेक्ट्रोनिक्स आ हार्डवेयर के सामान तथा कपडा ढुवानी मे प्रयोग कईल बीआर ०५ एसी २१४५ भारतीय नम्बर के मोटरसाइकल आ ना २ ह २६३२ नम्बर के अटो भी बरामद करके जरुरी कारवाही के खातिर वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझवले बा ।
साथे बीओपी भिष्वा तथा बीओपी महादेवपट्टि से खटल टोली २३ हजार ७ सय २८ रोपेया बराबर के भन्सार ना तिरके लियावल सामान बरामद करके जरुरी कारवाही के खातिर वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल सशस्त्र प्रहरी पर्सा के सूचना अधिकारी डिएसपि देवेन्द्रबहादुर सिंह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।