प्राविधिक शिक्षा के व्यापक बनावत लेजाई लाई :- मन्त्री अर्याल

काठमाण्डु १७ माघ,

भूमि व्यवस्था, सहकारी तथा गरिबी निवारणमन्त्री पद्माकुमारी अर्याल सरकार प्राविधिक शिक्षा के व्यापक बनावत लेजाए के बतवले बानी । शहीद स्मारक जनस्वास्थ्य क्याम्पस सिफल के ११ वाँ वार्षिकोत्सव मे उ नेपाली माटी मे सोना फरावे सकेके कहत दक्ष जनशक्तिविना देश के कायापलट सम्भव ना रहल जिकिर कइनी ।

उ नेपाल मे काम करेवाला उमिर समूह के ६१ प्रतिशत जनसङ्ख्या रोजगारी के क्षेत्र से बाहर रहल तथ्याङ्क सार्वजनिक भईल जानकारी भी देहनी । मन्त्री अर्याल तालिम प्राप्त आदमी साधारण शिक्षा प्राप्त आदमी के बराबरी मे आयस्तर मे वृद्धि करके सहज जीवनयापन बिता रहल बतवनी ।

उ क्याम्पस से प्राविधिक जनशक्ति उत्पादन मे महत्वपूर्ण योगदान देहल कहत आउर बहुते दक्ष प्राविधिक जनशक्ति उत्पादन मे ध्यान देवे खातिर जोड देहनी । दक्ष जनशक्ति के विदेश पलायन करावे के काम के अन्त्य करके स्वदेश मे सम्भावना के खोजी करेके बतवनी ।

“अब हमनी आपन ज्ञान बिक्री करके ‘समृद्ध नेपाल, सुखी नेपाली’ के नारा के सार्थक बनावे के पडि”, कहत उ, “सरकार हरेक विद्यालय मे प्राविधिक शिक्षा चलावे के नीति लिआईल बा ।”

प्राविधिक शिक्षा बोली खाएवाला से भी कर के खाएवाला शिक्षा के रुप मे परिचित भईल कहत उ पिछिलका समय कईल अनेकन अध्ययन से भी प्राविधिक शिक्षा उपर युवापुस्ता के आकर्षण बढत गईल देखावल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।