पाँच बरीस भितर प्रदेश मे आमूल परिवर्तन होखी :- मुख्यमन्त्री पौडेल

हेटौँडा, १७ माघ,

वाग्मती प्रदेश के मुख्यमन्त्री डोरमणि पौडेल आवेवाला पाँच बरीस भितर प्रदेश मे आमूल परिवर्तन करेके बतवले बानी । राष्ट्रिय पुनःनिर्माण प्राधिकरणद्वारा निर्मित बुद्ध माध्यामिक विद्यालय हेटौँडा–१२ के नवनिर्मित विद्यालय भवन के उद्घाटन करत मुख्यमन्त्री पौडेल प्रदेश के शैक्षिक तथा आउर विकास मे प्रदेश सरकार दिलोज्यान देके लागल बतवनी ।

उ वितल समय मे प्राविधिक शिक्षा के राज्य से कम प्राथमिकता देहला पर भी अब के दिन मे सीपमूलक प्राविधिक शिक्षा के खातिर सरकार लागेके बतवनी । मुख्यमन्त्री पौडेल प्रदेश सरकार एक स्थानीय तह बराबर कम्ती मे भी एक प्राविधिक शिक्षालय के अवधारणा अगाडि बढावल बतवनी ।

शिक्षालय बेराजगार उत्पादन करेवाला जगहा के रुपमे विकास होखे ना होखेके कहत सीपमूलक शिक्षा मार्फत विद्यार्थी के दक्ष बना के रोजगार बनावे के ओरी लागेके उनकर कहनाम रहे ।

देश के लाखो जनशक्ति दोसर के देश मे जाके पसेना बहा रहल आ देश के खातिर जरुरी पडेवाला अनेकन क्षेत्र के प्राविधिक एवं दक्ष जनशक्ति बाहर से मँगावे के पड रहल वर्तमान अवस्था मे देश के जरुरत पडेवाला दक्ष जनशक्ति स्वदेश मे उत्पादन करेवाला किसिम से शैक्षिक क्रियाकलाप अगाडि बढावे के बात मे उनकर जोड रहे ।

भूकम्प से भसकावे के काम मात्र ना करके नेपाली शैक्षिक क्षेत्र मे आवेवाला सयो बरीस के खातिर होखेवाला किसिम से पुनःनिर्माण के काम भी करावल उनकर कहनाम रहे ।

कार्जक्रम मे राष्ट्रिय पुनःनिर्माण प्राधिकरण के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत सुशील ज्ञवाली प्राधिकरण से देशभर सात हजार ५५३ गो विद्यालय बना रहल आ अधिकांश के निर्माण पुरा भईल जानकारी देहनी ।

उ भूकम्प से नोक्सानी पुगावल विद्यालय मेसे मकवानपुर मे २५२ गो विद्यालय भवन के पुनःनिर्माण के काम हो रहल बतवनी । अधिकृत ज्ञवाली से सुविधा सम्पन्न आधुनिक विद्यालय भवन बनला से अब गुणस्तरीय शिक्षा मे ध्यान देवे खातिर शिक्षक, विद्यार्थी आ गारजियन से निहोरा कइनी ।

एहितरे जिल्ला समन्वय समिति मकवानपुर के प्रमुख रघुनाथ खुलाल भूकम्प से नोक्सान भईल भौतिक संरचना के दीर्घकालीन सोंच के साथ भईल पुनःनिर्माण से उत्साहित बनावल बतवनी । उ हमनी के मिलल बडका उपलब्धि के रक्षा करत ओकर उचित व्यवस्थापन आ संरक्षण तथा जरुरी तवर से फायदा लेवेके बतवनी ।

सरकार से निर्माण कईल सम्पत्ति के संरक्षण आ उचित उपयोग करके फायदा लेवेके काम भी समुदाय के भईल उनकर कहनाम रहे । कार्जक्रम मे हेटौँडा उपमहानगरपालिका वार्ड नं १२ के अध्यक्ष ललित घलान वितल समय मे पछाडि पडल ई क्षेत्र से विकास के लय पकडल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।