प्रदेश नं. २ युवा स्वरोजगार कार्जक्रम सञ्चालन करी

जनकपुरधाम २५ जेठ

प्रदेश २ सरकार कोरोना के चलते रोजगार गुमावल युवा के खातिर ‘युवा स्वरोजगार तथा उद्यम विकास’ कार्जक्रम संचालन करेवाला बा ।

आवेवाला आर्थिक बरीस २०७७÷७८ के खातिर एतवार के प्रदेश सभा मे प्रस्तुत कईल नीति तथा कार्जक्रम मे रोजगार गुमावल युवा के खातिर ई कार्जक्रम लियावे के उल्लेख कईल बा ।

स्वरोजगार के अवसर सृजना करके युवालोग के आत्मनिर्भर बनावे के एवं वैदेशिक रोजगारी से स्वदेश फिर्ता भईल युवा के ज्ञान, सीप, क्षमता आ पूँजी के प्रभावकारी रुप मे उपयोग करे खातिर जरुरी व्यवस्था कईल जाई ।

रोजगार सृजना करे खातिर स्थानीय तह सँगे के सहकार्य आ समन्वय मे घरेलु तथा साना उद्योग प्रवर्द्धन करेके काम के प्राथमिकता देहल जाई ।

गरिबी निवारण के खातिर लघु उद्यम विकास कार्जक्रम के प्रदेश अनुकुल लागू करेके नीति तथा कार्जक्रम मे उल्लेख बा ।

दलित तथा विपन्न वर्गसब के सामाजिक तथा आर्थिक रुपान्तरण के खातिर प्रदेश के आठ गो जिल्ला मे प्रदेश प्रमुख रोजगार कार्जक्रम संचालन कईल जाई ।

साथे प्रदश प्रमुख नैतिक शिक्षा कार्जक्रम के निरन्तरता देहल जाई ।

प्रदेश दलित सशक्तिकरण ऐन के कार्यान्वयन मे जोड देत दलित विकास समिति आ उच्चस्तरीय जातीय छुवाछुत अनुगमन समिति गठन कईल जाई ।

‘बेटी पढाव, बेटी बचाव’ अभियान के आउर परिस्कृत आ सशक्त तरिका से अगाडि बढावल जाई ।

अभियान अन्तर्गत बेटी शिक्षा, छात्रवृत्ति, बेटी लोकसेवा तइयारी किलास, आदर्श वियाह, साइकल वितरण आ बेटीलोग के राज्य संरचना ५० प्रतिशत सहभागिता के खातिर संरचनात्मक व्यवस्था करेवाला नीति तथा कार्जक्रम मे उल्लेख कईल बा ।

जैविक विविधता के संरक्षण तथा सम्बर्द्धन के खातिर धनुषा के धनुषाधाम मे एगो चिडियाघर निर्माण करेके नीति भी प्रदेश सरकार लेहले बा ।

आवेवाला आर्थिक बरीस भितर विस्तृत परियोजना प्रतिवेदन सहित के प्रदेश आयोजना बैङ्क के निर्माण करके प्रादेशिक गौरव के आयोजनासब के पहिचान कईल जाई ।

एहितरे, प्रदेश के जनतासब के वित्तिय पहुँच अभिवृद्वि करके पुँजी निर्मण मे सहजोग पुगावे खातिर प्रदेश विकास बैङ्क स्थापना के खातिर जरुरी प्रक्रिया पूरा करके सञ्चालन कईल जाई ।

वीरगंज मे प्रविधि विश्व विद्यालय आ सप्तरी मे कृषि कलेज स्थापना करके क्रमशः कृषि विश्व विद्यालय स्थापना कईल जाई ।

प्रदेश सरकार जनानी सशक्तिकरण के खातिर प्रादेशिक जनानी आयोग गठन करेके लक्ष्य भी लेहले बा ।

आवेवाला आर्थिक बरीस के खातिर प्रस्तुत कईल नीति तथा कार्जक्रम मे बहुते बातसब चालू आव के नीति तथा कार्जक्रम से समेटल बा ।

‘खेत–खेतमे पानी, हात–हातमे काम’, हरेक पालिका के सदरमुकाम से जोडेके, प्रादेशिक परिवहन सेवा, संघीयता के खातिर आन्दोलन कईल स्व. गजेन्द्रनारायण सिंह आ गणतन्त्रवादी नेता स्व. रामराजा प्रसाद सिंह के शालिक निर्माण जईसन पुराने नीति तथा कार्जक्रम के भी निरन्तरता देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।