श्रीरामचरित्र मावि मे स्मृती दिवस मनावल गईल

बारा १८ माघ,
बारा के आदर्शकोतवाल गाँवपालीका मे रहल श्री रामचरित्र मावि जयनगर चिउटाहा मे विद्यालय बनावेवाल रामचरित्र प्रसाद जमिन्दार के ५७ औ स्मृती दिवस मनावल गईल बा ।

स्मृती दिवस के प्रमुख पुर्व मास्टर रामचन्द्र सिह भारत के रेल्वे मे मिलल छोड के रामचरित्र के विचार के प्रेम मे पडके आपन पूरा समय पढावे मे देहनी कहनी ।

जमिन्दार रामचरित्र लईक लईकी के बहुत मन मर्यादा करत रहलन कहनी । विशिष्ठ अतिथि नेपाल क्मयुनिषट पार्टी के नेता अच्चुत मैनाली रामचरित्र के गुनगान करत स्कुल मे पढेवाला लईका लईकी के मोवाईल ना चलावे देवे के कहनी जवना के कारण से ना निमन घटना घट रहल बा ।

निजि विद्यालय के विरोध करत बानी त समसदायिक विद्यालय के समरक्षण करे के पडल कहनी । नेपाली काग्रेस के नेता शोभाकर पराजुली स्कुल बनावल समय मे देवी देवता लोग के नाम मे विद्यालय रहल रहे ।

रामचरित्र प्रसाद के मर गईला वाद शिक्षा मन्त्रालय से आईल टोली गावबाला के सल्लाह सुझाव दे के बनावल कृतीवाला के नाम राखे के कहला पर रामचरित्र राखल गईल जनकारी भईल बा ।

कार्जक्रम विद्यालय के प्रअ दिनेश कुमार साह के सभापतित्व मे भईल ववना मे राकेश यादव, मदन प्रसाद राय, बतहु यादव, विश्वमणी, अशोक रौनीयार प्रदेश २ के पत्रकार महासंघ के सदस्य सिकेन्द्र पासवान लगायत के लोग विद्यालय के उन्ती प्रगती के शुभकामना देहले रहलन ।

विद्यालय के प्राङ्गन मे भईल कार्जक्रम मे विद्यार्थी, बुध्दी जिवी, शिक्षा प्रेमी लगाया के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।