आवेवाला बरीस के नीति तथा कार्जक्रम आ बजेट समाजवाद आ सामाजिक न्याय के पक्ष मे होखी : प्रम दाहाल

आवेवाला बरीस के नीति तथा कार्जक्रम आ बजेट समाजवाद आ सामाजिक न्याय के पक्ष मे होखी : प्रम दाहाल

वीरगंज १५ माघ

प्रधानमन्त्री पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ लम्हर समय से बन्द रहल उद्योगसब सञ्चालन करेके तईयारी हो रहल बतवले बानी ।

प्रेस सेन्टर नेपाल के २० वाँ स्थापना दिवस तथा राष्ट्रिय परिषद् बईठक के आजु वीरगंज मे सम्बोधन करत प्रधानमन्त्री दाहाल लम्हर समय से बन्द रहल बिराटनगर जुट मिल, हेटौडा कपडा उद्योग, गोरखकाली रबर उद्योग आ बुटबल धागो उद्योग सञ्चालन करेवाला किसिम से काम अगाडि बढावल गईल बतवनी ।

“काल्हु मात्र हमनी बन्द रहल उ उद्योग निजी–सार्वजनिक साझेदारी अवधारणअनुरुप सञ्चालन करेके निर्णय कईले बानी”, प्रधानमन्त्री दाहाल कहनी, “अब के एक हप्ता भा १० दिन भितर मे बन्द उद्योग सञ्चालन होखेके बात जनता के जानकारी मिली ।” कैयन उद्योगसब नेपाली सेना से सञ्चालन करीहें आ कैयन निजी कम्पनी से चलावेके तईयारी हो रहल उ बतवनी ।

जनता आ सभी राजनीतिक दल के सामूहिक सहभागिता मे बजेट निर्माण करे खातिर सरकार केन्द्रित भईल उल्लेख करत प्रधानमन्त्री दाहाल आवेवाला बरीस के नीति तथा कार्जक्रम आ बजेट के जनमुखी, जनता केन्द्रित बनावेके स्पष्ट कईनी । “नीति तथा कार्जक्रम आ बजेट समाजवाद आ सामाजिक न्याय के पक्ष मे होखी”, कहत उ, “एमे क्रान्ति हि करेके खोजल गईल बा, एकर पक्ष मे जनमत निर्माण करे खातिर निहोरा करत बानी ।”

आपन ध्यान आवेवाला बरीस के खातिर जनता केन्द्रित आ सहभागितामूखि नीति, कार्जक्रम आ बजेट निर्माण मे गईल उल्लेख करत प्रधानमन्त्री प्रचण्ड लोकतन्त्र के पक्ष मे बजेट निर्माण करके ‘आमुल सुधार’ करेके विश्वास दिलवनी । नीति तथा कार्जक्रम बनईला पर स्थानीय आ प्रदेश सरकार एवं मन्त्रालयलोग के भी रायसुझाव लेवेके बतावत उ अब नयाँ तबर से सरकार अगाडि बढेके बतवनी ।

पुराना योजना पूरा ना होत नयाँ योजना निर्माण करेके प्रवृत्ति के निराकरण करेके योजना मे सरकार रहल उल्लेख करत प्रधानमन्त्री दाहाल जरुरी योजना बनाके बजेट निर्माण करेवाला किसिम से सरकार अगाडि बढल बतवनी ।

सरकार से भ्रष्टाचार, भूमाफिया आ मिटरब्याज विरुद्ध सशक्त कदम चालल कहत प्रधानमन्त्री सामाजिक सुरक्षा कोष मे अनौपचारिक क्षेत्र, स्वरोजगारी तथा वैदेशिक रोजगारी मे रहल श्रमिक के समेटेके महत्वपूर्ण काम सरकार से कईल जानकारी देहनी । प्रेस सेन्टर नेपाल के अध्यक्ष बिष्णु सापकोटा (जुगल) के अध्यक्षता मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे नेकपा माओवादी केन्द्र के उपाध्यक्ष तथा प्रवक्ता अग्नि सापकोटा, उपमहासचिव तथा पुर्वमन्त्री मातृका यादव, केन्द्रीय सदस्य लिलामणि पोखरेल लगायत नेता लोग सम्बोधन कईले रहनी ।

उ अवसर मे प्रधानमन्त्री दाहाल प्रेस सेन्टर नेपाल के उत्कृष्ट प्रदेश, उत्कृष्ट जिल्ला आ उत्कृष्ट पत्रकारलोग के नगद तथा प्रमाणपत्र प्रदान कईनी ।

एकरा से पहिले सेन्टर के २० वाँ स्थापना दिवस के अवसर मे आजु सबेरे वीरगंज स्थित घण्टाघर चोक से कार्जक्रमस्थल नगरसभा गृह तक प्रभातफेरि आयोजना कईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।