नयाँ बरीस मे सुरुङमार्ग निर्माण शुरु होखी :- मुख्यमन्त्री पौडेल

हेटौँडा, १८ माघ,

वाग्मती प्रदेश के मुख्यमन्त्री डोरमणि पौडेल नयाँ बरीस २०७७ मे सुरुङमार्ग निर्माण सुरुवात होखेके बतवले बानी ।

प्रदेशसभा के दुसरका वार्षिकोत्सव के अवसर मे आजु आयोजना कईल कार्जक्रम मे उ अइसन प्रदेश के १३ गो जिल्ला के जरुरत बनल हेटौँडा–काठमाण्डु सुरुङमार्ग के डिपिआर के काम फागुन भितर पुरा करके चईत मे निर्माण के खातिर बोलपत्र आह्वान करेके बतवनी ।

मुख्यमन्त्री पौडेल काठमाण्डु से जोडेवाला हेटौँडा के सभी मार्गसब छ महिना भितर स्तरोन्नती आ आरामदायी होखेके जानकारी देहनी ।

उ हेटौँडा से काठमाण्डु जाएवाला छोटा रास्ता मेसे के भैँसे–भिमफेदी सडकखण्ड के कुछ दिन मे हि बोलपत्र आह्वान करेके जानकारी करावत भिमफेदी–कुलेखानी सडकखण्ड निर्माण के खातिर निर्माण सामान भी गिरावल बतवनी । प्रदेश राजधानी जोडेवाला सभी सडक अब चौडा आ स्तरीय होखेके उ जानकारी करवनी ।

प्रदेश राजधानी के स्थायित्व टुङ्गो ना लागला के चलते भौतिक निर्माण मे देरी भईला से अब तेजी मे भौतिक संरचना निर्माण होखेके मुख्यमन्त्री पौडेल के कहनाम बा ।

उ अब प्रदेशसभा के दोसर अधिवेशन नयाँ भवन मे होखेके आ प्रदेशसभा सदस्यलोग के आवासक्षेत्र निर्माण मे भी प्रदेश सरकार लागल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।