पटेर्वासुगौली गाँवपालिका मे बेटी शिक्षा बिमा शिविर

वीरगंज १९ माघ,
प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री द्वारा संचालन कईल बेटी पढाव, बेटी बचाव अभियान अन्तर्गत के बेटी शिक्षा विमा के रोपेया ३ लाख पुगावल आ गाँवपालिका के ओरी से ३ लाख करके छ लाख पुगल बा ।
२०७५ माघ १ के बाद जनमल बेटीलोग के तिन लाख के शिक्षा विमा करेके घोषणा कईला के बाद आजु एगो कार्जक्रम के बिच पटेर्वासुगौली गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी गाँवपालिका मे जनमेवाला बेटी छ लखिया होके जनमेके बतवनी ।
पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के सुगौली दापु माध्यमिक बिद्यालय मे आजु एगो कार्जक्रम के बिच बेटी शिक्षा बिमा शिबिर सुरु भईल बा । शिविर के उदघाटन कार्जक्रम के उदघाटन करत गाँवपालिका अध्यक्ष चौधरी मधेश मे जनमेवाली बेटीलोग के बोझ के रुप मे ना लेवे खातिर निहोरा करत प्रदेश सरकार बेटीलोग के खातिर तीन लाख के बेटी शिक्षा बिमा लागु कईला के बाद गाँवपालिका के ओरी से तीन लाख के बेटी शिक्षा बिमा देहल बतवनी ।
स्थानीय सरकारलोग भी ई अभियान मे सहजोग करे खातिर निहोरा कईला मे हमनी के गाँवपालिका से तीन लाख के बेटी शिक्षा बिमा खोलल बतवनी । बेटी शिक्षा बिमा शिबिर मे पहिलका दिन १ सय पाँच आ आजु ७१ करके १७६ जने बेटी के शिक्षा बिमा भईल बा ।
गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री राउत के स्वकिय सचिव दिपक यादव, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका उपाध्यक्ष ममता महतो, प्रसाशकिय अधिकृत भुजेन्द्र यादव, बोटी शिक्षा बिमा अभियान के पर्सा संयोजक आमोद यादव, सुरेन्द्र साह, अरबिन्द यादव, वार्ड अध्यक्ष मोतिलाल साह, माधव महतो, बिजय गैरे, फरमान मियाँ, प्रभु बैंक के कर्मचारी नुसरत जहाँ, तारा महतो लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
कार्जक्रम के संचालन योजना प्रमुख राजकुमार चौधरी कईले रहनी ।





