उच्च अदालत जनकपुर के न्यायाधीश मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

जनकपुरधाम १६ सावन
प्रदेश २ मे दोसर एगो न्यायाधीश मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उच्च अदालत जनकपुरधाम के एक जने न्यायाधीश मे बियफे के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
५० बरीस के न्यायाधीश मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल अदालत स्रोत जनवले बा ।
इहे सावन १३ गते उच्च अदालत के न्यायाधीश सहित २२ जने के स्वाब संकलन करके जाँच कईला मे एक जने के पोजेटिभ आईल बा ।
न्यायाधीश मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद लकडाउन के समय मे करत आईल निश्चित कामकारवाही बाहेक आउर काम सावन १६ गते से ३१ गते तक स्थगित करेके निर्णय उच्च अदालत कईले बा ।
उच्च अदालत जनकपुर, जिल्ला अदालत धनुषा, जिल्ला सरकारी वकिल कार्यालय आ नेपाल बार एशोसिएसन से छलफल करके अईसन निर्णय कईल उच्च अदालत जनवले बा ।
प्रदेश २ मे न्यायाधीश मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल ई दुसरका केस ह ।
एकरा से पहिले उच्च अदालत जनकपुरधाम के राजविराज इजलास के ५८ बरीस के न्यायाधीश मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा ।






