ईप्रका सिमरा अनेकन मुद्दा मे पकडाईल ४ जने के कईलख सार्वजनिक

बारा १९ माघ,

अनेकन मुद्दा मे पकडाईल चार जने के ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा सर्वजनिक कईले बा । एतवार के पत्रकार सम्मेलन के आयोजना कर के प्रहरी से हातहतियार तथा खरखजाना, लागु औषध गाँजा अउर ठगी मुद्दा मे पकडाईल चार जने के सार्वजनिक कईले बा ।

प्रहरी जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वडा नम्बर ११ से दिपलाल राम के हातहतियार तथा खरखजाना मुद्दा मे पकड के कारवाहि अगाडी बढावले बा ।

राम के घर से प्रहरी एक थान नलकटुवा पोस्तोल सहित ओमे लागेवाला ६ थान गोली समेत पकडले बा ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के प्रहरी नायब उपरिक्षक गोविन्द पुरी जानकारी देहले बानी ।

प्रहरी निजगढ नगरपालिका १३ के रहनिहार मंगलसिंह तामाङ्ग आ रौतहट चन्द्रपुर नगरपालिका ८ रहनिहार गनहर बैठा के लागु औषध गाँजा, एक थान मोटरसाईकल आ २५ हजार नगद सहिँत बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वडा नम्बर २१ चकरि से पकडले बा ।

प्रहरी चाँदि के बरतन मे राख के सिसा जईसन चमकत समान नागमणी कहत ठगी करत आईल बारा कलैया उपमहानगरपालिका २६ बईठेवाला सरिक मियाँ धोबि ठगी मुद्दा मे पकडाईल ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के प्रहरी नायब उपरिक्षक पुरी जानकारी देहनी ।

 

पकडाई सब जनेके बारा जिल्ला अदालत कलैया मे पेश कर के कारवाहि अगाडी बढावल भी पुलीस जनाकारी देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।