कागजपतर, बिल सहित के दारु बार्गेनिङ ना मिलाल के बाद पुलीस भन्सार बुझवलख

वीरगंज २६ कुवार

पुलीस बुध के दिने नियन्त्रण मे लेहल दारु बाग्रेनिङ ना मिलला के बाद भन्सार बुझावल खुलासा भईल बा ।
अनेकन दोकानसब के खातिर पठावल गईल दारु के भ्याट बिल रहला पर भी पुलीस से माँगल खर्च खुद देवेके ना मानला के बाद भन्सार बुझावल दारु व्यसायी रंजित जयसवाल आरोप लगवले बानी ।

मदिरा व्यवसायी संघ पर्सा से नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे उ पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. १ मिर्जापुर से कुवार २१ गते बुध के दिने पुलीस चौकी मिर्जापुर बा ६ च ४८१२ नम्बर के दारु लादल पिकपअ नियन्त्रण मे लेहले रहे । ओकरा बाद पिकअप के डाईबर सँगे फुन करा के खर्चबर्च देवेके पडि कहल गईल ।

खर्चबर्च देवेके ना मानला के बाद दिन के ३ बजे पकडल दारु सहित के पिकअप सँझिया ६ बजे इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे पठावल गईल । उहाँ भी आलटाल करके बियफे के सँझिया भन्सार बुझावल गईल ।

“पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका के लंगडी, छिपहरमाई गाँवपालिका के भिस्वा आ मिर्जापुर के अनेकन दोकानसब के खातिर भ्याट बिल सहित हम दारु पठवले रहनी ।

माकिर पुलीस चौकी मिर्जापुरदारु सहित के पिकअप नियन्त्रण मे लेके माँगल खर्चबर्च ना देहला के बाद सुरु मे इप्रका पोखरिया मे पठवलख ।

उहाँ भी खुद पुगला पर उ दिन सई साहेब अपने के दारु के कागपत्र ठिक बा अपने बिहान आईल कहके पठवलन” पत्रकार सम्मेलन मे कहनी ।

ओकर बिहान भईला बियफे के दिने सबेरे इप्रका पोखरिया मे पुगला पर इन्सपेक्टर साहेब नइखी बाद मे आई कहके पठावल गईल ।

बाद मे दुपहरिया ४ बजे फेनु इप्रका पोखरिया मे पुगाल पर सई साव इन्सपेक्टर साव संगे भेट करे ना देके पठवनी ।

ओकरा बाद उहे दिन सँझिया ७ बजे पुलीस नियन्त्र मे लेहल दारु सहित के पिकअप भन्सार बुझावल गईल उ बतवनी ।

उनका मुताविक पुलीस एक लाख ४० हजार मुल्य बराबर के अनेकन किसिम के दारु नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

पुलीस से पकडल दारु सहित के पिकअप आ आदमी के वीरगंज भन्सार बुझईला के बाद पक्रिया पुगाके ३ लाख ९४ हजार बिगो तिर के छोडावल उ बतवनी ।

पुलीस कउनो साभान भा आदमी के पकडला के बाद उहे दिन भा ओकर बिहान भईला सार्वजनिक करत आईल बा । ई दारु नियन्त्रण मे लेके भन्सार बुझावल ५ दिन मे भी सार्वजनिक कईले नइखन ।

पत्रकार सम्मेलन मे वीरगंज मदिरा व्यवसायी संघ के अध्यक्ष रामाधार प्रसाद सर्राफ, सचिव बलिराम मण्डल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।