सप्तरी के बोदेबरसाईन मे सशस्त्र के बीओपी स्थापना

सप्तरी १९ माघ,
सशस्त्र पुलीस सप्तरी के बोदेबरसाईन नगरपालिका मे बोर्डर आउट पोष्ट (बीओपी) स्थापना कईले बा ।सशस्त्र पुलीस बल के छिन्नमस्ता बाहिनी के प्रमुख सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक राजु अर्याल एतवार के दिने बोर्डर आउट पोष्ट के उदघाटन कईले बाडन ।
बोदेबरसाईन–५ मे बीओपी स्थापना भईला सँगे सप्तरी मे सशस्त्र पुलीस के ७ गो बीओपी रहल बा । अभी भी २ गो थप के ९ गो पुगावे के लक्ष्य राखल गईल बा । सप्तरी के जोगनिया आ बेली मे बीओपी स्थापना करेके निर्णय भइल बा । ओकरा खातिर जमिन के खोजी हो रहल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।
सशस्त्र पुलीस सीमा क्षेत्र के सुरक्षा के प्रभावकारी बनावेके आ चोरी तस्करी नियन्त्रण के खातिर सीमा क्षेत्र मे बीओपी थप करे लागल बा ।
बोदेबरसाईन–९ शुभरनपट्टी मे स्थापना तइयारी कईला पर भी जमिन के कमी देखल गईला के चलते पहिले सुरक्षा बेस क्याम्प रहल जगहा मे बीओपी स्थानपना कईल सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक तिलक खड्का जानकारी देहनी ।
जरुरत मुताविक प्रदेश नं २ के आउर जिल्ला मे भी बीओपी स्थापना होखेके सशस्त्र पुलीस के कहनाम बा । स्थापना के बाद सीमा क्षेत्र के सुरक्षा मजबुत होखेके आ चोरी तस्करी मे कमी आवेके दावी सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक राजु अर्याल के बा ।
सीमा जगहा मे स्पष्ट पिलर ना भईला से दशगजा मे अतिक्रण हटावेके आ सीमा क्षेत्र के व्यवस्थित करेमे समस्या हो रहल उनकर कहनाम बा ।






