लक डाउन भईला एक महिना पुगला पर भी राहत ना मिलल जनता आ पुलीस बीच झडप, पत्रकार सहित ७ जने घायल

मेघराज राय
जीराभवानी १० बैशाख
पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका मे राहत बाँटेके विषय मे स्थानीय आ सशस्त्र पुलीस बिच झडप भईल बा ।
आजु दिन के राहत बाँटेमे देरी भईला के बाद आक्रोश मे सेढवा स्थित गाँवपालिका कार्यालय घेराव करे खातिर करिब ३ सय के संख्या मे दलित, विपन्न वर्ग के जनानी लईकालइकी आ पुरुषलोग गाँवपालिका कार्यालय मे पुगल रहलन ।
उहे समय मे सशस्त्र पुलीस भिड हटावे खातिर लाठी चार्ज करे लागला के बाद स्थानीय आ सशस्त्र पुलीस बीच झडप भईल बा ।
झडप मे समय मे सञ्चारकर्मी सहित स्थानीय करके ७ जने घायल भईल बाडन ।
झडप के समय मे स्थानीय से चलावल पथल लाग के नारायणी एफएम आ कृपा दैनिक के संवाददाता कृष्ण मोहन साह घायल भईल बाडन । साह के मुडि फुटल बा । उनका सहित सभी घायल के स्थानीय स्वास्थ्य संस्था मे ईलाज कईल गईल बा । लकडाउन के १ महिना पुगला पर भी जीराभवानी गाँवपालिका कउनो भी वार्ड मे राहत बँटले नइखे ।
लकडाउन के १ महिना बितला पर भी राहत वितरण ना भईला के बाद कार्यालय मे पुगल स्थानीय आक्रोश मे आके ईटापथल चलावे लागला के बाद सशस्त्र पुलीस रोके के खोजला पर झडप भईल गाँवपालिका उपाध्यक्ष उषा देवी थरुनी बतवले बानी । लकडाउन के चलते प्रभावित के राहत बाँटे खातिर प्रदेश सरकार गाँवपालिका मे १० लाख रोपेया पठवले बा ।
माकिर प्रदेश सरकार से आईल १० लाख रोपेया अपुग भईला के बाद पईसा थप करेके विषय मे प्रकृया मे लागला पर राहत बाँटेमे देरी भईल उपाध्यक्ष थरुनी बतवनी ।
१ महिना बितला पर भी राहत ना मिलला से जनता मे आक्रोश देखल स्वभाविक ह”, कहत “राहत वितरण के सभी सामान किनल गईल बा ।
वीरगंज से सामान सहित चलल गाडि रास्ता मे रहला पर गाँवपालिका मे दुःखद घटना भईल ।” बुध के सँझिया तक राहत के सभी सामान आवेके आ बियफे से सभी वार्ड मे बाँटेके उ बतवनी ।
वार्ड नम्बर २ के वडा अध्यक्ष महादेव महत्तो थारु राहत बाँटे खातिर कार्यालय मे गाँवपालिका अध्यक्ष, उपाध्यक्ष आ वार्ड अध्यक्षलोग बीच छलफल हो रहल समय आक्रोशित स्थानीय ईटापथल चलावे लागला के बाद स्थिति तनावग्रस्त बनल बतवनी ।
उ झड्प मे ९ गो सरकारी आ प्राईभेट गाडीसब मे भी तोडफोड कईले बाडन । ना १ ब ३५७८, ना १ ब ३५८८, ना १ ब ३५८६, ना १ ब ३५८७, ना २२ प २४३०, ना ५५प ६४९४, ना ३५ प २३९ गाँवपालिका मे रहल जेसिबी आ रोलर फर्निचर लगायत मे भी तोडफोड भईल वार्ड नम्बर दु के वार्ड अध्यक्ष महादेव महतो थारु बतवनी ।
स्थानीय के मुताविक एक महिना से राहत ना बाँटला के बाद उ बारेमे जवाफ माँगे खातिर आजु गाँवपालिका मे गईला पर गाँवपालिका अध्यक्ष रामप्रित महत्तो लगायत के जनप्रतिनिधि पुलीस लगा के पिटपाट करावल आरोप लगईले बाडन ।





