वीरगंज प्रिमियर लिग के उपाधी वीरगंज स्टार हथियवलख

वीरगंज २० माघ,

वीरगंज प्रिमियर लिग टि–२० क्रिकेट प्रतियोगिता के उपाधी वीरगंज स्टार हथियवले बा । वीरगंज स्थित नारायणी क्रिकेट मैदान मे जारी प्रतियोगिता के आजु भईल फाइनल खेल मे सिंह ११ लायन्स के हरावत वीरगंज स्टार जितल बा ।

पहिले बैटीङ्ग करत सिंह ११ लायन्स ४ विकेट के नोक्सानी मे एक सय ४० रन बनवले रहे । जवाफी वैटिङ्ग करत वीरगंज स्टार १८.५ ओभर खेलत ६ विकेट के नोक्सानी मे एक सय ४१ रन के लक्ष्य पुरा करत जित हासिल कईले रहे ।

खेल के म्यान अफ द म्याच, म्यान अफ द सिरिज आ बेसी छक्का मारेवाला खेलाडी विजेता टिम वीरगंज स्टार के खेलाडी विवेक कुमार यादव घोषित भइनी । उ म्यान अफ द म्याच के पुरस्कार रु एक हजार ५ सय, म्यान अफ द सिरिज के पुरस्कार रु २० हजार आ बहुते छक्का मारला मे पुरस्कार रु १० हजार मिलल ।

एहितरे वेस्ट बलर वीरगंज सिसि के सैफुल अन्सारी आ वेस्ट वैटस म्यान रौतहट राइनोज के गरौव खड्का घोषित भईल रहलन । दुनु जने के रु १० हजार नगद पुरस्कार भी मिलल रहे । प्र

के विजेत वीरगंज स्टार के समापन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी प्रदेश २ के समाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह पुरस्कार राशी रु २ लाख ५० हजार आ उप विजेता सिंह ११ लायन्स के कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथी प्रदेश सांसद जन्नत अन्सारी रु एक लाख ८० हजार सहित ट्रफी से पुरस्कृत कइनी ।

आयोजक युनाइटेड क्रिकेट क्लब के अध्यक्ष हासिम हवारी के अध्यक्षता मे भईल समापन कार्जक्रम के सहजीकरण राजुल हवारी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।