नेकपा एमाले बारा के अधिवेशन मे चार जने अध्यक्ष पद के दावेदार

नेकपा एमाले बारा के अधिवेशन मे चार जने अध्यक्ष पद के दावेदार

प्रभु यादव

बारा १५ चईत

बारा मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी एमाले के ११ वाँ अधिवेशन ईहे चईत १९ आ २० गते कलैया मे होखेके जनावल गईल बा ।

जिल्ला कार्य समिति के अध्यक्ष पद के खातिर चार जने दौडधुप सुरू कईले बानी । अभि के जिल्ला कार्य समिति मे उपाध्यक्ष पद मे रहल टिना सुवेदी, सचिव मे रहल अधयानन्द पाण्डे, सह– सचिव मे रहल एम. समुलाह आ सदस्य मे रहल भरत भण्डारी अध्यक्ष पद मे दावेदारी करके दौडधुप सुरू कईले बानी ।

अध्यक्ष पद के दबदारी कर रहल टिना सुवेदी बारा निर्वाचन क्षेत्र १ के सासंद अच्चुत मैनाली के पत्नी, एम. समुल्लाह खेलकुद समिति के बारा अध्यक्ष अउरी कलैया उपमहानगरपालिका के उपमेयर रौशन परविन के श्रीमान आ भरत भण्डारी कोल्हवी नगरपालीका के पूर्व मेयर भईल रहनी । बारा निर्वाचन क्षेत्र नं. ३ प्रतिनिधिसभा के पूर्व उम्मेदवार पाण्डे रहल बानी ।

अध्यक्ष पद के दवदार लोग सुवेदी आ भण्डारी एक गुट, पाण्डे आ समुल्लाह एक गुट पार्टी मे रहल नेकपा एमाले के सदस्य लोग जनकारी करावले बानी । फागुन १४ गते कलैया मे भईल पार्टी प्रतिनिधि भेला मे छलफल से सदस्य पद के करिब ९० प्रतिशत छनौट आन्तरिकरूप मे छनौट होसकल जानकारी आईल बा । १० प्रतिशत अधिवेशन के दिन तकले सहमती होखे के जनकारी करावल गईल बा ।

अध्यक्ष पद मे चर्चा मे रहल उमेदवार लोग मे से उमेदवारी देहला पर पहिले सहमती करावेके प्रयास कईल जाई ना भईला वाद लोकतान्त्रिक प्रक्रिया अनुसार चुनाव से छनौट करे के जनकारी आईल बा । जिल्ला भर से करिब ७५० प्रतिनिधि सहभागी होखेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।