काँग्रेस कमजोर प्रतिपक्ष रहल लागत आईल आरोप मे सत्यता नइखे :- नेता सिंह

वीरगंज २१ माघ,
नेपाली कांग्रेस के नेता प्रकाशमान सिंह राष्ट्रिय मुद्धा मे कांग्रेस निरन्तर संसद मे आवाज उठावत अईला से कमजोर प्रतिपक्ष कहके आरोप मे सत्यता ना भईल बतवनी ।
प्रेस युनियन पर्सा से वीरगंज मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे उ बरियार प्रतिपक्ष बनेके नाम मे संसद के कुर्सी ना तुरेके बतावत संसदीय व्यवस्था मे विश्वास करेवाला कांग्रेस सरकार से चालल गलत कदम के आवाज उठावत आईल दाबी कइनी ।
वितल संविधानसभा मे तत्कालिन नेकपा माओवादी अर्थमन्त्री बजेट प्रस्तुत करे गईला पर अवरोध कईल आ कुर्सी तुरल स्मरण करत “कांग्रेस ओइसन ना कइलख ओकरा बराबरी करके कांग्रेस के कमजोर कहले बाडन कि ?” कहके सवालक इनी ।
“ना त जेतना सूचना प्रविधि विधेयक, मिडिया काउन्सिल विधेयक, मानव अधिकार आयोग के बारे मे जउन विधेयक आईल बा, संविधान के मर्म आ भावना विपरीत बा कहके सम्बन्धित समिति आ संसद मे कहले बानीसन” कहके नेता सिंह बतवनी ।
उ सरकार जन चाहना मुताविक काम करे ना सकल बतवनी । “उलोग भाषण बडका बडका करेनी । सुशासन, भ्रष्टाचार मे जिरो टोलरेन्स के बात करेनी,” कहत नेता सिंह “कहाँ गईल एतना सुनकाण्ड, वाइडबडी काण्ड, अभी आके एती होल्डिङ्स काण्ड आईल बा ।
कहाँ जनता के चित्त बुझेवाला जवाफ देहले बाडन ?” कहके सवाल कइनी । सरकार नागरिक के संघीयता के आभास देवे ना सकल, प्रदेश आ स्थानीय सरकार के विश्वस मे लेवे ना सकल दावी कइनी ।
पूर्वमहामन्त्री सिंह जनता मे कांग्रेस के छवि बढिया बने न ासकल कहत १४ वाँ महाधिवेशन के बाद एकर अन्त्य होखेके दाबी कइनी । “केन्द्र से बुथ लेभल तक अनुशासित तरिका से अगाडि बढावे के पडि कहके हमनी के बिचार बा ।
१४ वाँ महाधिवेशन के बाद पार्टी मे विद्यमान मतभेद के अत्य होखी” कहके बतवनी । अमेरिकी सहजोग नियोग मिलेनियम च्यालेन्ज कर्पोरेसन (एमसीसी) नेपाली कांग्रेस के पाला मे हस्ताक्षर भईल आ विशुद्ध विकास के खातिर आईल योजना भईला से ओकरा के संसद से जलदी पारित करेके सिंह कहनी ।
प्रेस युनियन पर्सा के उपाध्यक्ष विजय चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे केन्द्रीय सदस्य सगुन बानियाँ, पूर्वसांसद सुरेन्द्रप्रसाद चौधरी, राजेन्द्रबहादुर अमात्य, प्रदेशसभा सदस्य राजेश्वर साह तेली, उपप्रमुख शान्ति कार्की, केन्द्रीय सदस्य रामकृष्ण यादव, हृदयराज थामी, नेका पर्सा के श्याम पोखरेल, विजय सर्राफ, अरविन्द गुप्ता, प्रकाश उपाध्याय लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






