कालाबजारी के आरोप लागल अग्रवाल के पद खारेज

काठमाण्डु २७ चईत
सरकार नेपाल के खातिर कीर्गिस्तान के अवैतानिक महावाणिज्य दूत सुलभ अग्रवाल के पद खारेज करेके निर्णय कईले बा ।
कूटनीतिक सुविधा आ विशेषाधिकार प्रयोग करत बोखार नापेवाला थर्मल गन लगायत के स्वास्थ्य सामान मे कालाबजारी कईल आरोप मे उनका के पुलीस मंगर के दिने पकडले रहे ।
शंकर ग्रुप के सञ्चालक भी रहल अग्रवाल के स्वास्थ्य सामान चीन से लिया के महँगा मे बेंचल आरोप लागल बा ।
बुध के दिने सँझिया एक विज्ञप्ति जारी करत परराष्ट्र मन्त्रालय नेपाल मे रहल सभी मानार्थ अवैतनिक वाणिज्यदूतलोग के उपलब्ध करावल कुछ विशेष सुविधा छिनल जनवले रहे ।






