कलैया उमनपा मे २५ गते से हाथिपाईले के दवाई खियावल जाई

प्रभु यादव÷
बारा २१ माघ,
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड न १४ मे ईहे माघ २५ गते से हाथिपाईले बेमारी के दवाई घर घर मे पहुँच के स्वास्थ्य सेविका के निगरानी मे खियवे के उदेश्य से आजु बघवन स्वास्थ्य चौकि मे वार्ड के बुद्धिजिवि राजनिति प्रतिनिधि शिक्षक तथा स्वास्थ्य कर्मी लगायतके उपस्थिति मे एक दिने गोष्टि पुरा भईल बा ।
गोष्टि मे हाथिपाईले विमारी के दवाई दु बरीस से कम, गर्भवति जनानी तथा सात दिन के सुतकेरी जनानी आ सिकिस्त बेमारी बाहेक सब केहु खा सकता । इहे २५ गते वार्ड कार्यालय मे वडा जनप्रतिनिधि लगायत बुद्धिजिवि लोग के रोहबर मे शिविर सँचालन कईल बा
। यहे २६ गते से हरेक घर मे जाके स्वस्थकर्मी के निगरानी मे खियावे के कार्जक्रम रहल बघवन स्वस्थ केन्द्र के प्रमुख सहजाद अन्सारी जानकारी देहनी । हाथिपाई बेमारी के दवाई खईला से हाथिपाई बेमारी के लक्ष्ण भईल आदमी के समान्य असर मुडि दुखाएके, उलटी होखेके, पेट दुखाएके आ तानका बोखार लागेके जनावल गईल ।
अइसन लक्षण एक दु दिन मे खुदे ठिक होखी, हडबडाए के ना पडि आ बेमारी के लक्षण ना भईल आदमी मे कउनो असर ना करेके अन्सारी बतवनी । कार्जक्रम मे शिक्षक फुलमहम्मद अन्सारी, रामचन्द्र यदव, अनिता यादव, समाजदेवी संकर यदव, वार्ड सदस्य हरिनरायन चौधरी, वार्ड मे रहल स्वास्थ्यकर्मी रामप्रसद ठाकुर लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






