अस्पताल के ल्याव मे थाइराईड बाहेक के सभी चेक होखेला : मेसु महतो

प्रभु यादव
बारा १७ माघ
बारा के कलैया प्रादेशिक अस्पताल के ल्याव मे थाइराईड के छोड के सभे विमारी के चेकजाच कईल जाला मेसु गौरव महतो जनकारी करावले बानी ।
ल्यव मे विधुतीय मेसिन से खुन चेक करे के सुरू भईला से समय मेही चेकजाच होरहल मेसु महतो जनकारी करावले बानी । ओपीडी मे आठ जने एमडी, एम वि विएस डाक्टर लोग चेक जाँच करहल से पिसब, खुन के चेक जाँच के अधिक लोग बढल मेसु महतो जनकारी करावले बानी ।
माघ महिना से अटेमेटिक बायोकमेस्टीक एनलाईजर मेसिन से खुन चेक जाँच कईल जारहल बा । एक घण्टा लागेवाला खुन जाँच २० मिनेट मे होरहल ल्याव टेकनिसियन शेख फुलमहम्द जनकारी करावले बानी । आठ बरीस पहिले १० गो खुन चेक करेला आवत रहल तब दुसर चेक ना करे सकल जातरहल रहे । अब मेसिन आईला पर २० मिनेट मे ४० जने के खुन चेक कईल जारहल बा ।
अब दिन्हु ४० से ५० जनेके खुन चेक जाँच कईल जारहल बा । कलैया प्रदेशिक अस्पताल मे २४ से घण्टा खुन चेक जाँच कईल जारहल बा । मेसिन ना रहल रहे जवन समय मे आज के खुन लेहल विहान रिपोट देवेमे बाध्यता रहल रहे । ५० बेड के अस्पताल भईल जगह मे चेक जाँच होखेवाला खुन, पिसाब ल्यब मे चेकजाच कईल जारहल बा । अभि तक ४५ किसिम के खुन चेक जाँच कईल जारहल बा ।
माघ, फागुन मे कम विमार परल लोग आवेला माकिर गर्मि बरसात के समय मे अधिक आवेला ओह समय मे ल्यब मे खुन चेकजाच करेला सहज होखे के ल्यब टेकनेसियन फुलमहम्द जनकारी करावले बानी । अस्पताल मे विमारी चेक करावे आईल बारागढी गाउपालीका वडा नं. ४ के सिकेन्द्र पासवान पहिले चार चार घण्टा बईठला पर खुन के रिपोट ना आवत रहल माकिर आजु एक घण्टा मेही मिलल जवना से लागत बा कि अस्पताल मे सुधार भईल जनकारी करावले बानी ।






