एसएसबी के अवरोध के चलते रुकल सशस्त्र के सुरक्षा पोष्ट बनावे के काम सुरु

सिरहा २१ माघ,
सिराहा मे भारतीय सीमा सुरक्षा बल(एसएसबी) से रोक लगावल सुरक्षा पोष्ट सशस्त्र पुलीस स्थापना कईल सुरु कईले बा । नेपाली भूमि मे सशस्त्र पुलीस डिउटी पोष्ट राखेके खोजला पर रोक लगावल गईला पर भी दुनु ओरी के सर्भे टोली के सल्लाह मुताविक सुरक्षा पोष्ट स्थापना करे लागल बा ।
पहिले नाला के बगल मे पोष्ट राखे लागला मे करिब ७ मिटर भितर पोष्ट बनावे लागल सशस्त्र प्रहरी बल बर्दिबासस्थित छिन्नमस्ता बाहिनी के सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक राजु अर्याल जानकारी देहनी । “पोष्ट बनावे मे रोक लगईला के बाद नापी विभाग, भारत ओरी से आईल सर्भे टोली आ सीमावर्ती सुरक्षा निकाय से समन्वय भईल ।”
कहत डीआइजी अर्याल “उलोग के सल्लाह मुताविक पहिले राखेके खोजल जगहा से कुछ भितर पोष्ट बनावल जा रहल बा ।”
भगवानपुर गाँवपालिका–४ ठाढीस्थित दशगजा लगे नेपाली भूमि मे सशस्त्र पुलीस सुरक्षा पोष्ट निर्माण करे लागला पर बितल शनिचर के दिने भारतीय सीमा सुरक्षा बल एसएसबी रोक लगवले रहे ।
९ दशमलव १ मिटर दशगजा (नो मेन्स ल्याण्ड) से करिब २५ मिटर के दुरी मे सशस्त्र पुलीस सुरक्षा पोष्ट राखेके खोजले रहे ।
एक महिना पहिले भारतीय पक्ष से निर्माण कईल सुरु कईल संरचना नेपाल ओरी पडेके कहत सशस्त्र पुलीस रोक लगवले रहे । उ क्षेत्र मे २ सय मिटर आसपास सीमा स्तम्भ ना भईल आ दशगजा क्षेत्र मे बजार रहला के चलते सीमाक्षेत्र के लेके समय समय मे विवाद होत आईल बा ।
उहाँ कार्यरत सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक जीवन खतिवडा के मुताविक नो मेन्स लाइन के सेन्टर लाइन पुगेमे भारतीय पक्ष निर्माण कईल अनेकन संरचना पार करेके अवस्था बा ।
“दुनु पक्ष नो मेन्स ल्याण्ड के ९.१ मिटर क्षेत्र छोड के संरचना निर्माण करेके चाहिं । मा
इहाँ नो मेन्स ल्याण्ड के सेन्टर लाईन पुगे खातिर एसएसबी के चेक पोष्ट, भन्सार पोष्ट आ कष्टम अफिस पार करेके पडि,” कहत उ, “२ किलोमिटर मे पिलर ना भईला से सीमा क्षेत्र पहिचान करेमे समस्या होखी ।”
सर्भे टोली से देहल जानकारी के आधार मे एकरा से पहिले सेन्टरलाइन से २५ मिटर भितर पोष्ट राखेके खोजल माकिर विवाद भइला के बाद सभी के सहमति मे करिब ३२ मिटर दुर पोष्ट स्थापना कईल उ बतवनी । उलथा ः अनलाईन






