रौतहट मे गोली मार के भाग रहल तीन जने पकडईलें

रौतहट मे गोली मार के भाग रहल तीन जने पकडईलें

रौतहट २ चईत

रौटहट के परोहा नगरपालिका–९ स्थित शिव मनि ट्रान्सफर के सञ्चालक के गोली मारके भाग रहल तीन जने के पुलीस पकडले बा ।

शुक के दुपहरिया करिब १ बजे आइएमई सञ्चालक २४ बरीस के नितेश साह के गोली मारके भाग रहल अवस्था मे सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल बोर्डर आउट पोस्ट रामपुरखाप से खटल पुलीस टोली उलोग के पकडले बा ।

घटना मे संलग्न भारत विहार पूर्वी चम्पारण मोतिहारी दीपही–२ रहेवाला १८ बरीस के किशोर सहित तीन जने के पकडल पुलीस जनवले बा । काउन्टर मे काम कर रहल अवस्था मे उलोग सञ्चालक साह उपर गोली प्रहार करके भागल रहलन । गोली प्रहार से मनि ट्रान्सफर सञ्चालक साह घायल भईल बानी । प्रादेशिक अस्पताल गौर मे सामान्य ईलाज के बाद उनका के वीरगंज रिफर कईल बा ।

नेपाल–भारत सीमा क्षेत्रस्थित घिउरा नाका मे खटल सशस्त्र प्रहरी हवल्दार लक्ष्मणसिंह ठगुन्ना सहित के टोली आ प्रहरी चौकी जयनगर से खटल टोली मोटरसाइकल मे भाग रहल अवस्था मे उलोग के पकडल गईल सशस्त्र प्रहरी के सहप्रवक्ता प्रहरी नायब निरीक्षक शैलेन्द्र थापा जानकारी देहनी ।

पुलीस उलोग के साथ से एक नाल कटुवा पेस्तोल आ बिआर ०६ सिएल ९७९६ नम्बर के भारतीय मोटरसाइकल भी बरामद कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।