छिपहरमाई गा.पा. १ के वार्ड अध्यक्ष अहिर समाजवादी पार्टी मे हि रहल कईलें दाबी

वीरगंज २५ माघ,
पर्सा छिपहरमाई गाँवापलिका वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष राजबली राउत अहिर खुद समाजवादी पार्टी मे हि रहल बतवले बानी ।
आजु एगो विज्ञप्ति जारी करत वार्ड अध्यक्ष अहिर खुद भुलवस नेकपा के कार्जक्रम मे सहभागी भईल माकिर उ पार्टी मे प्रवेश करेके हमर कउनो मनसाय ना रहल कहके सफाई देहले बानी ।
अइसन कार्जक्रम मे सहभागी भईल पार्टी अनुशासन विरद्ध रहला से आत्मालोचना करत अब पार्टी अनुशासन विरुद्ध कउनो भी काम ना करेके आ अइसन गलती भईला पर पार्टी से करेवाला विधान मुताविक के कारवाही करे खातिर तइयार रहल विज्ञप्ति मे उल्लेख रहल बा ।






