राष्ट्रव्यापी जनानी अधिकार अभियान शुरु

वीरगंज १९ फागुन
पर्सा जिल्ला के वीरगंज मे इस्लामी संघ नेपाल द्वारा आयोजना कईल राष्ट्रव्यापी महिला अधिकार अभियान आजु से शुरु भईल बा । कार्जक्रम के अध्यक्ष मास्टर मुज्तुबा अंसारी के अध्यक्षता मे शुरु भईल बा ।
समाज सुधार मे जनानी के भुमिका बहुते महत्वपूर्ण बा आ उलोग के सक्रिय सहभागिता आ सहजोग बिना समाज मे सकारात्मक परिवर्तन आवे ना सकि । जनानी अधिकार के खातिर ई राष्ट्रव्यापी अभियान मे हातेमालो करके व्यापकरुप मे चेतना लियावल एकदमे जरुरत रहल कहत कार्जक्रम के अध्यक्ष मास्टर मुज्तुबा अंसारी आपन बिचार रखले रहनी ।
ई अभियान २० गते से २६ गते तक चलेके ई अन्तर्गत अनेकन कार्जक्रम जईसन व्यक्तिगत भेटघाट, कर्नर मीटिंग, जुमाको खुत्बा (शुक के दिने उपदेश), चौकचौराह मे सार्वजनिक उपदेश, स्कूल, मदरसा आ कलेजसब मे वक्तव्य कार्जक्रम, विद्यार्थी जुलुस, उलेमा तथा इमामसब संगे छलफल, पालिकासब के अगुवा लोग सँगे बईठक, अखबार मे लेखसब, फोल्डरसब के वितरण, सोसल मिडिया मे सन्देशसब प्रसारण, स्थानीय जनानी कार्जक्रमसब मार्फत जागरूकता, मानार्थ प्रमाणपत्र मार्फत उत्कृष्ट सेवा प्रदान करेवाला जनानीलोग के सम्मान, अभियान मे सहजोग करे खातिर संघसंस्था, मदरसा आ मस्जिद के इमामसब के विशेष अपील, त्रैमासिक पैगÞाम आ मासिक मधुर सन्देश के विशेषाङ्क प्रकाशन, ई राष्ट्रव्यापी अभियान के फलस्वरूप एकओरी मुस्लिम समाज मे जनानी अधिकार आ दायित्व के सम्बन्ध मे चेतना आ परिवर्तन आई आ दोसर ओरी इस्लाम धर्म उपर देशवासी के धारणा मे सकारात्मक परिवर्तन आवेके विश्वास, जनानी अधिकार सम्बन्धी लगायत के कार्जक्रमसब राष्ट्रव्यापी अभियान से संचालन होखी ।
इस्लामी संघ नेपाल एगो धार्मिक तथा सामाजिक संस्था ह जउन बितल ३७ बरीस से आपन धार्मिक सचेतना, तथा अन्तरधार्मिक सौहार्द आ सद्भावपूर्ण वातावरण के साथ मुसलमानसब के धार्मिक, सामाजिक, शैक्षिक उन्नति के खातिर आपन दायित्व निर्वाह करत आईल बा ।
कार्जक्रम के सञ्चालक मौलाना अताउररहमान फलादी, विशिष्ट अतिथी मौलाना नुरुलहोदा अजही, अतिथी मौलाना रिज्वानुलाह, मौलाना असरफ अजहरी, मौलाना हाजी ग्यासुदिन, कार्जक्रम संयोजक तैयब मिया, वक्ता ज्योती कुमारी, मौलाना असरफ फलादी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






