माघ २७ गते से वीरगंज मे शैक्षिक मेला लागी

वीरगंज २६ माघ,

भिजन मिडिया ईनकर्परेशन आ एजुकेसन डटकम के संयुक्त आयोजना मे इहे माघ २७ आ २८ गते वीरगंज के नगरसभा गृह मे होखे जा रहल स्टडी ईन नेपाल एजेुकेशन फेयर के सभी तइयारी पुरा भईल बा ।

नगरसभा गृह मे आजु पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करत मेला के सभी तइयारी पुरा भईल आयोजक जनवले बा । एजुकेशन डटकम के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत जीवन लामा गोले के सभापतित्व मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा बिदेशी कन्सलटेन्सीलोग अनेकन आकर्षक नारा के साथे अनेकन लोभ देखा के नेपाली विद्यार्थीलोग के ठगेवाला किसिम के शैक्षिक मेलासब हो रहल समय स्वदेश मे उच्च शिक्षा प्रदान करेके उदेश्य से आयोजित शैक्षिक मेला से गरीब, बिपन्न आ आर्थिक अवस्था कमजोर भईल विद्यार्थीलोग के भी समेटेके बात मे जोड देहनी ।

बेसी पइसा तिर के विदेश गईला के बदले सस्ता आ सर्वसुलभ दाम मे गुणस्तरीय शिक्षा प्रदान करेवाला शैक्षिक संस्थासब नेपाल मे रहला पर भी सभी के पहुँच पुगे ना सकला से ई मेला से सहजोग पुगेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

“स्वदेश मे शिक्षा, सभी के ईच्छा” कहके मुल नारा के साथ होखे जा रहल २ दिने शैक्षिक मेला मे काठमाण्डु विश्वविद्यालय, त्रिभुवन विश्वविद्यालय, पोखरा विश्वविद्यालय, वीरगंज पब्लिक कलेज, ठाकुराम बहुमुखी क्याम्पस लगायत के करिब ३० गो कलेज विद्यार्थीलोग के निःशुल्क परामर्श देवेके आयोजक जनवले बा । पत्रकार सम्मेलन मे प्रमुख कार्यकारी अधिकृत जीवन लामा गोले गरीब तथा विपन्न परिवार के विद्यार्थी लोग के उच्च शिक्षा मे पुर्ण छात्रवृत्ति के भी व्यवस्था कईल जानकारी देहनी ।

पत्रकार सुर्य शुभचिन्तक से सहजीकरण कईल पत्रकार सम्मेलन मे प्रेस संगठन पर्सा के संयोजक निरज पिठाकोटे, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश न.२ के सदस्य जगत राई, सन्तोष श्रेष्ठ लगायत सञ्चारकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।