भिस्वा मे धर्मशाला आ चिल्ड्रेन पार्क के शिलान्यास

पोखरिया २६ माघ,
पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका के वार्ड नं ५ भिस्वा मे आजु एगो कार्जक्रम के बिच धर्मशाला आ चिल्ड्रेन पार्क के शिलान्यास भईल बा ।
जिबी फाउन्डेसन के सहजोग मे बने जा रहल धर्मशाला आ चिल्ड्रेन पार्क के शिलान्यास प्रमुख अतिथि नेकपा के जिल्ला ईन्चार्ज बिजय महतो आ फाउन्डेसन के अध्यक्ष अनिल गाडिया संयुक्त रुप मे पुजा पाठ करके शिलान्यास कईले रहनी ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेता महतो पर्सा जिल्ला के दुर्गम क्षेत्र के रुप मे रहल छिपहरमाई गाँवपालिका अभी सुगम भईल बतवनी । ई गाँवपालिका के जनतालोग के आवेवाला दिन मे स्थानिय जनप्रतिनिधि से समन्वय करके अगाडि बढला पर विकास मे फडको मारेके दाबी कइनी । साथे छिपहरमाई गाँवपालिका के बिकास मे हमनी के भी सहजोग करेके बतवनी ।
कार्जक्रम मे जिवी फाउन्डेसन के अध्यक्ष अनिल गाडिया पिछडल जगहा मे धर्मशाला आ चिल्ड्रेन अधुनिक तरिका मे तइयार करेके बतवनी । धर्मशाला मे बियाह भवन, गेस्ट रुम आ चिल्ड्रेन पार्क बनावेके बतवनी । गाँवघर मे बियाह आ कउनो फन्सन करे खातिर हो रहल समस्या समाधान होखेके बतवनी ।
प्रदेश के पहिलका स्थान भिस्वा मे निर्माण होखे जा रहला से ई गाँवपालिका नमुना के रुप मे परिचित होखेके बतवनी । ई बनावे मे करिब एक करोड से बेसी पइसा लगानी होखेके अध्यक्ष गाडिया बतवनी ।
ई फाउन्डेसन हमर बाबु माई के नाव गिरधारीलाल गाडिया आ भगवती देबी के नाम मे रहल बा । फाउन्डेसन से होखेवाला काम नाफा मुलक ना रहल आ ई मानव कल्याण सेवा समबन्धी रहल अध्यक्ष गाडीया बतवनी ।
शिलान्यास कार्जक्रम मे छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता अध्यक्ष गाडिया के सहजोग से सिचाइ मोटर, सौर्यबती, धर्मशाला चिल्ड्रेन पार्क लगायत के भौतिक संरचना बनावे से गाँवपालिका के बिकास मे सहजोग पुगेके बतावत धन्यबाद भी देहनी ।
वार्ड अध्यक्ष मौजिलाल साह कानु के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा के जगरनाथपुर अध्यक्ष मदिस मियाँ, सरपंच समसुल मियाँ, पुर्व गाबिस अध्यक्ष पहलाद गुप्ता, गाँवपालिका प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत देवनाथ साह, वार्ड अध्यक्ष बिनोद साह कानु, राजबली यादव, महेन्द्र साह कलवार, स्वास्थ्य संयोजक शम्भु साह लगायत स्थानियलोग के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन मकसुद गदी कईले रहनी ।





