सिम्रौनगढ मे एक शिक्षक के मृत्यु
सिम्रौनगढ मे एक शिक्षक के मृत्यु
बारा ०८ अगहन
बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका–८ कचोर्वा आधारभूत विद्यालय मे कार्यरत एक शिक्षक के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । सिन्धुपाल्चोक घर भईल ३५ बरीस के नरेन्द्र पराजुली के निधन भईल बा । पराजुली बितल चईत से उ विद्यालय मे कार्यरत रहलन ।
शिक्षक सेवा आयोग से नाम निकालला के बाद उ विद्यालय के दरबन्दी मे रहलन । उनकर १ बेटा सिन्धुपाल्चोक मे बाडन । पराजुली मेहरारु सहित कचोर्वा मे रहत आईल रहलन ।
कुछ महिना पहिले मेहरारु वैदेशिक रोजगारी मे गईला के बाद उ अकेले कोठरी मे रहत आईल रहलन । सँझिया उनकर लास कचोर्वा नयाँ बजार मे मिलल रहे । घटनास्थल मे पुलीस के टोली पुगल बा । घटनास्थल मे डेढ महिना से आन्दोलन मे रहल शिक्षकलोग आ स्थानीय के भीड लागल बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ के प्रहरी निरीक्षक रविभूषण यादव के मुताविक शिक्षक के निधन बारे अनुसन्धान हो रहल बा । उनकर लास पोस्टमार्टम के खातिर कलैया प्रादेशिक अस्पताल पुगावेके काम हो रहल उ बतवनी ।
नगरपालिका से पाँच महिना से तलब ना मिलला से नगरपालिका विरूद्ध आन्दोलन मे रहल शिक्षकलोग घटनास्थल मे पुगल रहलन । तलब ना मिलला से शिक्षक पराजुली कुछ समय से बहुते तनाव मे रहल प्रधानाध्यापक रामायण साह बतवनी । १ सय ९५ शिक्षक बितल ४० दिन से तलब के खातिर आन्दोलन मे रहलन । दशहरा, दिपावली, छठ मे भी उलोग तलब मिलल नईखे ।
शिक्षक संघर्ष समिति के संयोजक उमाशंकर यादव के मुताविक शिक्षक पराजुली हमनी सँगे आन्दोलन मे रहलन ।






