वीरगंज मे २ दिने शैक्षिक मेला

वीरगंज २७ माघ,
नेपाल मे उच्च शिक्षा प्रदान करेके अभिप्राय से भिजन मिडिया ईनकर्परेशन आ एजुकेसन डटकम के संयुक्त आयोजना मे २ दिने शैक्षिक मेला आजु से वीरगंज के नगरसभागृह मे सुरु भईल बा ।
स्टडी ईन नेपाल एजेुकेशन फेयर के उदघाटन एजुकेशन डटकम के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत जिवन लामा गोले कईले रहनी । उ शैक्षिक मेला मे काठमाण्डु विश्वविद्यालय, त्रिभुवन विश्वविद्यालय, पोखरा विश्वविद्यालय, वीरगंज पब्लिक कलेज, ठाकुराम बहुमुखी क्याम्पस लगायत के करिब ३० गो कलेज के स्टल राखल गईल बा ।
उच्च शिक्षा के खातिर बिदेश मे जाएवाला के संखया बढ रहल समय मे ई शैक्षिक मेला से उ संख्या के कम करेके बिश्वास आयोजक लेहले बा ।
२ दिने मेला के उदघाटन करत प्रमुख कार्यकारी अधिकृत गोले वीरगंज आ ई आसपास के विद्यार्थीलोग के स्वदेश मे उच्च शिक्षा प्रदान करेमे सहजोग पुगो कहके सोंच के साथ वीरगंज मे भी शैक्षिक मेला के आयोजना कईल बतवनी ।
“स्वदेश मे शिक्षा, सभी के ईच्छा” कहके नारा के साथ आयोजना कईल शैक्षिक मेला के आजु पहिलका दिन १५ सय से बेसी विद्यार्थीलोग के निःशुल्क परामर्श देहल गईल मेला के व्यवस्थापक नविन कार्की बतवनी ।






