महिला जनमत संघ पर्सा पत्रकारलोग के सम्मान कईलख

वीरगंज २८ भादो
डा. सि. के. राउत से नेतृत्व कईल जनमत पार्टी के भातृ संगठन महिला जनमत संघ पर्सा तदर्थ समिती आजु वीरगंज मे श्रमजीवी एवम् क्रियाशील पत्रकारलोग के सम्मान कईले बा ।
वीरगंज के होटेल रोयल पार्टी प्यालेस मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मान कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि महिला जनमत संघ के केन्द्रिय उपाध्याक्ष अनिता रौनियार प्रदेश नं.२ के जनानीलोग के हक अधिकार सुनिश्चित कईला के साथे मधेस के अधुरा मुद्दासब के सरकार से सम्बोधन करावे खातिर दबाव देवेके बतवनी ।
दलित तथा मध्यम वर्ग के जनानीलोग के स्वरोजगार बनावे के साथे बुढ जनानीलोग के भत्ता कार्यन्व्यन करावेके बात मे जोड देहले रहनी । कार्जक्रम मे प्रदेश नं.२ के ८ गो जिल्ला के जनानी तथा पुरुष नेतालोग के सहभागीता रहल रहे ।
वीरगंज के क्रियाशील एवम् श्रमजीवी पत्रकारलोग रेडियो बीरगंज के अध्यक्ष ध्रुव साह, नेपाल पत्रकार महासंघ के उपाध्यक्ष युवराज खड्का, न्युज आज तक दैनिक के सहसम्पाद जगत राई, भोजपुरी टाइम्स दैनिक के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया, कार्यकारी सम्पादक श्रवण साह, एहितरे नेहाल खान, मानिचन साह लगायत के प्रमुख अतिथि रौनियार, जिल्ला अध्यक्ष चन्दन चौहान, समाज कल्याण विभाग पर्सा प्रमुख सन्तोष साह सोनार, महिला उपाध्यक्ष सब्बो खातुन लगायत के लोग मायाके चिनो सहित अबिर टिका लगाके सम्मान कईले रहलन ।
महिला जनमत संघ पर्सा के संयोजक राधिका यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सास्कृतिक संघ के राष्ट्रिय अध्यक्ष आर के राउत, जिल्ला अध्यक्ष विजय यादव, जनता संघ के उपाध्यक्ष नितु पटेल, महिला नेतृ नजमा खातुन, बारा अध्यक्ष हरि प्रसाद पटेल, उपाध्यक्ष विबेक यादव लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।कार्जक्रम के सहजिकरण राजेश चौरसिया कईले रहलन ।





