जीवन रक्षा खातिर गाछ के झार घर–घर मे रोपवावल गईल

प्रभु यादव÷

बारा २७ माघ,

महागढीमाई नगरपालिका के वार्ड नम्वर २ बरियारपुर आ वार्ड नम्वर १० मे गंजभवानीपुर मे रोपल गईल जनकारी करावले बा ।

गढीमाई पुस्तकालय तथा सुचना केन्द्र बरियारपुर के आयोजना मे आ जिल्ला वन ईकाइ कार्यालय गाछी के थाला सहयोग मे कार्जक्रम सञ्चालन कईल जा रहल बा । १० बरीस मे ११ लाख गाछ के रोपे के लक्ष्य सहित पौधा घर–घर के सब लोग से लगावा देवे के संस्था के संस्थापक अध्यक्ष सुनिल प्रसाद कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

बरियारपुर मे रहल नर्सरी मे से अमला, टिक, सपेता, सखुवा, कर्मा लगायत के गाछ के थाला देहल जारहल अध्यक्ष चौरसिया जनकारी करावले बानी ।
हप्ता के हरेक सनिचर के दिन एक एक गो वार्ड मे कार्जक्रम संञ्चालन करावे के सुरू भईल चौरसिया जनकारी करावले बानी ।

नगरपालीका से समन्वय कईला पर कवनो चासो ना राखला बाद संस्था से आपन सदस्य लोग मिल के काम करे के सुरू कईले बाडन । खास कर के प्रेम प्रसाद यादव, मनोज प्रसाद चौरसिया, जियालाल प्रसाद कुशवाहा, जनक प्रसाद कुशवाहा वातावरण स्वच्छ खातिर लगाल बानी जनावल गईल बा ।

नगरपालिका क्षेत्र भितर नब्बे प्रसाद चौरसिया, रामलाल प्रसाद चौरसिया, रामविनय साह, गोविन्द प्रसाद चौरसिया, संदिप प्रसाद चौरसिया, संजय प्रसाद चौरसिया, पुन्देव बैठा, रामपुकार प्रसाद चौरसिया, उतिचन बैठा लगायत के लोग स्वतन्त्र रूप मे लाग के गाछ रोपेके अभियान मे लागल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।