जनकपुर के सडक मे पईसा बिग के २ गो जनानी फरार
धनुषा ५ बैशाख
जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका– ६ के महावीर चोक के रास्ता मे दु जनानी नेपाली रोपेया बिग के भागल जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा जनवले बा ।
सीसीटीभी के फुटेज मे उ जनानी अन्दाजी ४०–४५ बरीस के रहल उल्लेख कईल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता रामेश्वर कार्की के मुताविक शुक के दिने १२ः३० बजे उ जगहा मे बरामद कईल रोपेया कोरोना भाइरस सङ्क्रमण सम्बन्धी शङकास्पद भईला से अनुसन्धान काम तेजी से हो रहल बा । बरामद कईल रोपेया के परीक्षण के खातिर प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम पठावल जनावल गईल बा ।
पुलीस रोपेया बिगेवाली जनानी के खोजी हो रहल आ रोपेया छिटल क्षेत्र के स्यानिटाइजरभी कईला से कउनो किसिम के गलत समाचार उपर ना लागे खातिर जनमानस मे निहोरा कईले बा ।






