मधेसी जनता के खुन आ बलिदानी से सत्ता मे पुगल नेतालोग जंगलराज चला रहल बाडन :- डा. सिके राउत

वीरगंज २८ माघ,
जनमत पार्टी के केन्द्रीय अध्यक्ष डाक्टर सिके राउत समाजवादी पार्टी आ राजपा भ्रष्टचारी, तस्कर, गुण्डा के संरक्षण देके मधेस मे लुटतन्त्र मचा रहल आरोप लगवले बानी ।
‘स्वराज’ के अभियान लेके चलल डा सिके राउत नेतृत्व के जनमत पार्टी आजु वीरगंज के आदर्शनगर मे विशाल आमसभा कईले बा । उहे आमसभा के सम्बोधन करत अध्यक्ष डा. सिके राउत मधेसी जनता के खुन आ बलिदानी मे टेक के मधेसी जनता के भोट लेके सत्ता मे पुगल समाजवादी आ राजपा अभी सत्ता मे पुगला के बाद मधेसी जनता उपर शोषण आ दमन कर रहल बतावत प्रदेश–२ मे भ्रष्टचारी आ गुण्डा के जंगलराज रहल आरोप लगवले बानी ।
‘मधेस मे अभी भ्रष्टचारी, तस्कर आ गुण्डा के जंगलराज चल रहल बा’, कहत उ, ‘उहे जंगलराज आ गुण्डाराज के समाप्त करके जनता के राज लियावे खातिर जनमत पार्टी जनमल बा’ कहके बतवनी ।
सरकार से सम्झौता करके शान्तिपूर्ण राजनीति मे अईला के बाद राउत के पार्टी पहिलका बेर वीरगंज मे राखल आमसभा मे मेची से महाकाली तक के २२ जिल्ला के धोती प्रदेश मधेस के ई दु दल से सत्ता के स्वार्थ मे टुक्रया के ८ जिल्ला के लङगौटी प्रदेश बनावल सिके राउत बतवनी ।
‘स्थानीय तह से केन्द्र तक जनता से हि चुनल जनप्रतिनिधि बाडन माकिर कउनो भी तरिका से जनता के शासन के आभास होखे नइखे सकल’ कहत उ ‘जे सुटकेस मे करोडो देके टिकट लेके मेयर, गाँवपालिका अध्यक्ष बनल बाडन । उलोग का करत बाडन ? भ्रष्टाचार करत बाडन, करोडो कमा रहल बाडन । जनता उपर दमन करत बाडन’ कहके बतवनी ।
कार्जक्रम मे समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष उपेन्द्र यादव स्वास्थ्यमन्त्री रहल समय उनकर कार्यकाल मे मन्त्रालय के ५६ अरब बजेट मेसे २२ अरब के भ्रष्टचार भईल लेखा परीक्षण के रिपोर्ट से हि पुष्टि कईल कहत राउत,‘उपेन्द्र आ उनकर पार्टी भ्रष्टचारी, तस्कर बलात्कारी नेता के संरक्षण करत आरहल बाडन ।’
मधेस आन्दोलन के समय मधेसी जनता मितेरी पुल मे नाकाबान्दी करके बईठल समय मधेसी दल के नेता नाका से तस्करी करा के अकुत सम्पति कमाईल आरोप भी लगवनी ।
कांग्रेस, कम्युनिस्ट आ मधेसी दल के म्याद बितल (डेट एक्स्पायर) पार्टी के संज्ञा देत राउत अब मधेस आ मधेसी के दमन, शोषण आ विभेद से मुक्ति दिलावे के एक मात्र विकल्प जनमत पार्टी हि रहल जिकिर कइनी ।
आमसभा के सम्बोधन करत जनमत पार्टी के केन्द्रीय सदस्य अब्दुल खान समाजवादी आ राजपा आतंकवादी आ बलात्कारी के पार्टी भईल आरोप लगवनी । ई दु दल अभी तक आतंकवादी, बलात्कारी, भ्रष्टाचारी आ तस्कर नेता मात्र उत्पादन करत आईल आरोप लगावत उ उपेन्द्र यादव के कंश मामा के संज्ञा देहनी ।
पार्टी के केन्द्रिय सदस्य संजय कुमार साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे केन्द्रिय सदस्य चन्दन सिंह, पर्सा जिल्ला ईन्चार्ज सुजित कुमार चौरसिया, पर्सा जिल्ला जनपरिचालन समिति के संयोजक श्याम शंकर चौरसिया, पर्सा जिल्ला जनानी जनपरिचालन समिति के संयोजक अनिता रौनियार, नेताहरु बालकुमार प्रसाद यादव, ओम प्रकाश साह, हेम प्रसाद साह, पशुराम तिवारी, लक्षमण राउत बरै, मोहन पडित कुम्हाल, छठु पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
आमसभा के प्रचार के खातिर पार्टी घण्टाघर के देवाल, रामजनम के सालिक क्षेत्र मात्र ना होके वीरगंज के अनेकन जगहा मे सिके राउत के तस्वीर सहित लाल पोष्टर सटले रहलन ।






